Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गुरु तेग बहादुर शहीद दिवस पs 24 के बजाय 28 नवंबर के रही छुट्‌टी, यूपी सरकार जारी कइलस नोटिफिकेशन

Guru Tegh Bahadur Shaheedi Diwas गुरु तेज बहादुर शहीद दिवस पs सोमार के सरकारी अवकाश रही। सामान्य प्रशासन विभाग बुध के एह बारे में आदेश जारी कs देले बा। एह दौरान स्कूल से लेके सरकारी कार्यालय बंद रही।

344

उत्तर प्रदेश सरकार गुरु तेग बहादुर शहीद दिवस के अवसर पs कार्यकारी आदेशन के अंतर्गत 24 नवंबर के घोषित अवकाश के तारीख में बदलाव कs देलस। गुरु तेग बहादुर शहीद दिवस के अवसर पs अब कार्यकारी आदेशन के अंतर्गत 28 नवंबर के अवकाश घोषित कइल गइल बा। एकरा खातिर यूपी सरकार नोटिफिकेशन जारी कs देले बिया। एमे स्कूल से लेके सरकारी कार्यालय बंद रही।

गुरु तेग बहादुर शहीद दिवस के अवसर पs अब कार्यकारी आदेशन के अंतर्गत 28 नवंबर के छुट्टी घोषित कइल गइल। सामान्य प्रशासन विभाग बुध के एह बारे में आदेश जारी कs देले बा। एह संदर्भ में सब प्रमुख विभागन के विभागाध्यक्ष, जिलाधिकारी, प्रमुख सचिव विधान सभा, सूचना आ जनसंपर्क विभाग के भेज दिहल गइल बा। तारीखन में ई बदलाव लखनऊ के श्री गुरु तेग बहादुर शहीद दिवस के अवसर पs साहिब जी, सिंघा वाली गली, यहियागंज के सिफारिश के आधार पs कइल गइल बा। कार्यकारी आदेश के तहत जिलाधिकारी स्थानीय स्तर पs अवकाश घोषित कs सकत बा लो।

389510cookie-checkगुरु तेग बहादुर शहीद दिवस पs 24 के बजाय 28 नवंबर के रही छुट्‌टी, यूपी सरकार जारी कइलस नोटिफिकेशन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.