[the_ad_group id="30365"]

अमेरिका-फ्रांस मोदी के सरहलें, पुतिन से कहले रहने मोदी- ‘ई जुद्ध के जुग नाइ ह’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उज्बेकिस्तान के समरकंद में भइल एससीओ सम्मेलन के दौरान पीएम नरेंद्र मोदी के रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन से कहल गइल खर्रा-खर्री बात के ले के उनकर दुनियाभर में सराहना हो रहल बा। न्यूयॉर्क में संयुक्त राष्ट्र महासभा की बैठक में फ्रांस मोदी के खूब सराहना कइलस। पीएम मोदी यूक्रेन जंग के ले के राष्ट्रपति पुतिन से साफ कहले रहने कि ‘आज के युग युद्ध के नाइ बा।‘ अमेरिकी एनएसए जेक सुलिवन भी बयान जारी कर पीएम मोदी के तारीफ कइलें। वैश्विक मीडिया भी पीएम के तारीफ कs रहल बा।

प्रधानमंत्री मोदी 16 सितंबर को समरकंद में आयोजित शंघाई सहयोग संगठन के शिखर बैठक के मौका पर भइल मुलाकात में ई बात कहले रहने। मोदी पुतिन से यूक्रेन संकट के कारण पैदा भइल खाद्यान्न संकट, ईंधन सुरक्षा अउर उर्वरक संकट के हल के तरीका खोजे के आग्रह कइले रहने। एकरे सथही उ यूक्रेन के संगे रूस के जंग पर चिंता जतावत कहले रहने कि ‘आज के जुग जुद्ध के नाइ ह।

ई समय पश्चिम से बदला लेवे के नाइ बा: मैक्रों

पीएम मोदी के पुतिन से कहल गइल बात के ले के फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों अउर अमेरिका के राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार (NSA) जेक सुलिवन मंगर के उनकर सराहना कइलें। मैक्रों कहलें- ‘पीएम नरेंद्र मोदी सही कहलें कि ई समय युद्ध के नाइ ह। ई वक्त पश्चिम से बदला लेहले के नाइ ह अउर न ही पूर्व के खिलाफ पश्चिम के विरोध कइले के ह। ई समय हमनी जइसन संप्रभु देशन के मिल के रहले के ह। ई हमनीके सोझे आवे वाली चुनौतियन के एकजुट हो के सामना करे के समय ह।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]