[the_ad_group id="30365"]

BIG BREAKING: मशहूर कॉमेडियन राजू श्रीवास्तव के निधन, दिल्ली के एम्स अस्पताल मे लेले आखरी सांस, 42 दिन से भर्ती रहस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशहूर कॉमेडियन राजू श्रीवास्तव के एम्स में निधन हो गइल। ऊ 58 बरिस के रहे। न्यूज एजेंसी एएनआई बतवलस कि राजू के परिवार निधन के पुष्टि कइले बा। राजू लमहर समय से दिल्ली के एम्स अस्पताल में भर्ती रहे। हार्ट अटैक अइला के बाद उनका के इहां ले आवल गइल रहे। पिछला  42 दिन से उनकर इहां इलाज चलत रहे।

10 अगस्त से वेंटिलेटर प रहस 

कॉमेडियन के 10 अगस्त के सबेरे हार्ट अटैक आइल रहे, जवना के बाद उनका के दिल्ली के AIIMS में भर्ती करावल गइल रहे। बुध के देर रात से बेर-बेर डॉक्टर लोग उनका माथा के सीटी स्कैन करवलस त दिमाग के एक हिस्सा में सूजन मिलल रहे।

राजू 10 अगस्त से वेंटिलेटर प रहले। एकरा बाद जानकारी मिलल रहे कि ऊ आपन एगो गोड़ मोड़ले रहले स, बाकिर उनका होश ना आइल आ उनकर ब्रेन रिस्पॉन्स ना करत रहे।

AIIMS में राजू के एंजियोप्लास्टी कइल गइल रहे, जेमे हार्ट के एगो बड़ हिस्सा में 100 फीसदी ब्लॉकेज मिलल रहे। राजू के परिवार में उनकर पत्नी शिखा, बेटी अंतरा, बेटा आयुष्मान, बड भाई सीपी श्रीवास्तव, छोट भाई दीपू श्रीवास्तव, भतीजा मयंक आ मृदुल बा लो।

अपना परिवार के संगे राजू श्रीवास्तव

ट्रेडमिल प रनिंग करत घरी भइल रहे चेस्ट पेन

राजू 2014 में BJP जॉइन कइले रहस। ऊ काम के सिलसिला में दिल्ली पार्टी के कुछ बड़ नेता से मिलला खातिर दिल्ली पहुंचल रहस। ऊ दिल्ली के साउथ एक्स के कल्ट जिम में सबेरे वर्क आउट करत रहस। एह दौरान ट्रेडमिल प रनिंग करत घरी उनका उनका छाती में दरद उठल आ ऊ नीचे गइल रहस। एकरा बाद उनका के फौरन अस्पताल में भर्ती करावल गइल। राजू हमेशा अपना फिटनेस प धेयान राखत रहले आ ऊ फिट आ फाइन रहस। 31 जुलाई तक ऊ लगातार शोज करत रहले, उनकर आगे खातिर कई शहरन में शोज लाइन अप रहे।

बिग बी लिए भेजले रहस राजू खातिर संदेश

अमिताभ बच्चन माने बिग बी राजू श्रीवास्तव के खास ऑडियो संदेश भेजले रहस। एमे अमिताभ कहले रहस –

राजू उठो, बस बहुत हुआ, अभी बहुत काम करना है। अब उठ जाओ… हम सबको हंसना सिखाते रहो।”

राजू के ई रिकॉर्डिंग सुनावल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]