Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

412
  1. बिहार: गैंगरेप के विरोध कइला प जिंदा जलावल गइल, 20 दिन बाद मौत; मुज्जफरपुर में मौत से 10 घंटा पहिले बोलल पीड़िता- मरला के बाद हमरा के न्याय जरूर दिलाएम लो। पापा से दुश्मनी रहे त हमरा संगे अइसन काहे कइल गइल।
  2. बिहार: बिहार कैबिनेट के बैठक, 16 अजेंडन प लागल मोहर; स्वास्थ खातिर 7990 पदन के सृजन, समस्तीपुर आ छपरा में खुली नाया मेडिकल कॉलेज। बिहार औषधि नियंत्रण प्रयोगशाला के 23 करोड़ के राज्यांश, 12 जिलन में छात्रण खातिर होई हॉस्टल के निर्माण।
  3. उत्तर प्रदेश: नोयडा में देवाल गिरला से 4 के मौत, तीन लोग एके परिवार के रहे, 5 जेसीबी मशीनन से मलबा हटाके दबल लोगन के बाहर निकालल गइल। नोयडा प्राधिकरण के सीईओ रितु महेश्वरी कहली- मरे वालन के परिजनन के 5-5 लाख रुपिया के मुआवजा।
  4. उत्तर प्रदेश: हमनी के 1 नंबर कावर बढ़त बानी स, एहिसे बीजेपी बौखलाईल बिया; वाराणसी में संजय सिंह बोलले- कांग्रेस के वोट दिहल माने भाजपा के वोट दिहल। आम आदमी पार्टी से राज्यसभा के सांसद हवे संजय सिंह।
  5. झारखंड: झारखंड में कुर्मी आंदोलन तेज; पटरी प बइठल आंदोलनकारियन के कारण कइयन गो ट्रेन रद्द, एसटी सूची में शामिल करे के बा मांग।
  6. SSC-CGL में 20 हजार पदन प वैकेंसी: अबकि बेर 4 ना खाली 2 टायर में होई परीक्षा, 8 अक्टूबर तक कइल जा सकेला अप्लाई।
  7. हिजाब प सुप्रीम कोर्ट में आठवां दिन सुनवाई: सॉलिसिटर जनरल बोलले- ईरान में हिजाब के खिलाफ महिला पर्दशन कर रहल बा लो, ई इस्लाम में अनिवार्य नइखे। वेदशाला में धोती पहिनल जा सकत बा, बाकिर शिक्षण संस्थान में ई ठीक नइखे।
  8. चंडीगढ़ के बाद IIT बॉम्बे में MMS कांड: लईकी के आरोप- कैंटीन कर्मचारी बाथरूम के जंगला से बनवलस वीडियो, आरोपी गिरफ्तार। आरोपी के मोबाइल से अभी ले कवनो वीडियो नइखे मिल सकल। IIT बॉम्बे कहलस- हमनी के अपना छात्रन के संगे ठाड़ बानी जा।
  9. अफगानिस्तान में टिकटॉक-पबजी बैन होई: तालिबान कहलस- एह खेलन के वजे से अफगानी युवा भटक रहल बा लो, 3 महीना में कामकाज समेटे सब कंपनी।
  10. भारत Vs ऑस्ट्रेलिया पहिला टी-20 आज: 15 साल में दुनो टीमन के बीच पहिला बेर 3 मैचन के सीरीज। बुमराह आ हर्षल के प्लेइंग 11 में वापिसी संभव।
335850cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.