Bahraich Road Accident : बहराइच में भीषण सड़क हादसा, रोडवेज बस आ ट्रक के टक्कर में 17 लोग घायल

Bahraich Road Accident

Share

बहराइच। बहराइच-सीतापुर हाईवे पs मंगर के आधा रात एगो भीषण सड़क हादसा हो गइल। रोडवेज बस आ भूसी लदल ट्रक के आमने-सामने के टक्कर में 17 लोग घायल हो गइल। घायलन में दूगो लोग के हालत नाजुक बतावल जा रहल बा। घटना के जानकारी मिलतही एसपी विश्वजीत श्रीवास्तव आ एएसपी दुर्गा प्रसाद तिवारी घटनास्थल पs पहुंच के हालात के जायजा लेलें।

जानकारी के मोताबिक, रुपईडीहा डिपो के रोडवेज बस सीतापुर से सवारी लेके बहराइच जिला मुख्यालय जात रहे। एह दौरान गदामार खुर्द गांव के लगे सामने से आवत भूसी लदल ट्रक से बस के जोरदार भिड़ंत हो गइल। बस में करीब 35 यात्री सवार रहे लोग।

हादसा में 17 लोग घायल

टक्कर एतना जोरदार रहे कि बस में बइठल कइयन गाे यात्री घायल हो गइल लोग। घायलन में पप्पू, प्रीती मिश्रा, हर्षित मिश्र, अंश मिश्र, निर्मला, आदित्य दूबे, आदित्य नारायण, गौरव सिंह, लवलेश, राकेश, सत्यदेव, प्यारेलाल मिश्र, आराधना मिश्रा, बेचन सहित कुल 17 लोग सामिल बा।

फंसल लोगन के बाहर निकाले में लागल समय

हादसा के बाद ट्रक के खलासी आ बस के अगिला हिस्सा में बइठल कइयन गो सवारी गाड़ी में फंस गइल रहे। पुलिस, ग्रामीण आ राहत टीम के काफी मशक्कत के बाद सब केहू के सुरक्षित बाहर निकालल गइल। घायलन के तुरंत इलाज खातिर सीएचसी रमपुरवा भेजल गइल।

प्राथमिक इलाज के बाद पप्पू, सत्यदेव, लवलेश, बेचन, राकेश, महेंद्र, प्रमोद आ निर्मला सहित कइयन गो घायलन के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गइल। एमे से दूगो गंभीर घायल के बेहतर इलाज खातिर लखनऊ भेजल गइल बा।

पुलिस निभवलस इंसानियत के फर्ज

हादसा के बाद पुलिस के मानवीय चेहरा देखे के मिलल। खैरीघाट थाना प्रभारी आलोक सिंह आपन टीम आ ग्रामीणन के मदद से घायलन के बाहर निकललें। गंभीर रूप से घायल लोगन के गोद में उठा के एंबुलेंस तक पहुंचावल गइल।

हादसा के बाद हाईवे के दूनो ओर वाहनन के लमहर जाम लग गइल रहे। करीब दू घंटा तक राहत आ बचाव अभियान चलला के बाद सड़क पs आवागमन फेर सामान्य हो सकल।

Read Also : Jammu Kashmir : उरी के कमलकोट में एलओसी के लगे धमाका, सेना के दूगो जवान शहीद

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-