[the_ad_group id="30365"]

UPPSC APO Exam 2022: उत्तर प्रदेश सहायक अभियोजन अधिकारी परीक्षा खातिर आवेदन शुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी एपीओ एग्जाम 2022 तैयारी में जुटे उम्मीदवारन खातिर महत्वपूर्ण अपडेट आइल बा| उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग (यूपीपीएससी) के ओर से सहायक अभियोजन अधिकारी (एपीए) परीक्षा 2022 खातिर विस्तृत अधिसूचना आज, 21 अप्रैल 2022 के जारी कइल जाई। अधिसूचना जारी होखे  के संगही UPPSC APO परीक्षा 2022 खातिर आवेदन के प्रक्रिया शुरू हो जाई। अइसन में आवेदन के इच्छुक अउर योग्य उम्मीदवार आयोग आधिकारिक वेबसाइट, uppsc.up.nic.in पर उपलब्ध करावल जाए वाला ऑनलाइन अप्लीकेशन फॉर्म के माध्यम से आवेदन कs सकेने। यूपीपीएससी ओर से एपीओ परीक्षा खातिर पंजीकरण अउर आवेदन शुल्क भुगतान के आखिरी तारीख 17 मई निर्धारित कइल गइल बा, जबकि उम्मीदवार एकरे बाद अपने आवेदन के 21 मई 2022 तक सबमिट कs पइहें।

उम्मीदवारन के ध्यान देवे के चाहीं कि एह वर्ष आयोजित होखे वाली सहायक अभियोजन अधिकारी भर्ती प्रक्रिया के माध्यम से कुल 44 पद खातिर योग्य उम्मीदवारन के चयन कइल जाए के बा। चयन प्रक्रिया के चरण प्रारंभिक परीक्षा, मुख्य परीक्षा अउर साक्षात्कार शामिल बा।

उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग की सहायक अभियोजन अधिकारी परीक्षा में सम्मिलित होखे  खातिर उम्मीदवारन के कौनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय चाहे किसी अन्य उच्च शिक्षा संस्थान से लॉ में डिग्री उत्तीर्ण होखे के चाहीं। सथही, उम्मीदवारन के आयु 1 जुलाई 2022 के 21 वर्ष से कम अउर 40 वर्ष से अधिक नाइ होखे के चाहीं। हालांकि, दिव्यांग उम्मीदवारन खातिर अधिकतम आयु सीमा 55 वर्ष बा। उहवें, उत्तर प्रदेश राज्य के विभिन्न आरक्षित वर्ग (एसएससी, एसटी, ओबीसी, आदि) के उम्मीदवारन के अधिकतम आयु सीमा में राज्य सरकार के नियम के अनुसार छूट देहल जाई। योग्यता से सम्बन्धित अधिक विवरण खातिर परीक्षा अधिसूचना देखीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]