[the_ad_group id="30365"]

NIA दिवस पर गरजनें अमित शाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह (Amit Shah) गुरुवार के 13वें राष्ट्रीय जांच एजेंसी (NIA) दिवस पर आयोजित एगो कार्यक्रम में शामिल भइने। कार्यक्रम में गृह राज्य मंत्री अजय मिश्रा टेनी अउर निशीथ प्रमाणिक भी शामिल भइने। कार्यक्रम के आयोजन दिल्ली में अंबेडकर इंटरनेशनल सेंटर में भइल रहल।

एह दौरान अमित शाह आपन संबोधन देहने। शाह ने कहने कि मोदी सरकार आतंकवाद के खिलाफ जीरो टॉलरेंस के नीति अपनवले बा अउर एह खतरा के भारत से जड़ से खतम करे खातिर काम कs रहल बा| ऊ कहने कि जम्मू-कश्मीर में टेरर फंडिंग के खिलाफ दर्ज मामला ने उहाँ आतंकवाद के रोके में काफी मदद कइलस। आतंकवाद मानवाधिकार उल्लंघन के सबसे बड़ रूप बा।

गृहमंत्री कहने, ‘जब्बो आतंकवाद विरोधी अभियान होला, कुछ मानवाधिकार समूह मानवाधिकार के मुद्दा उठावत बाने, लेकिन हम हमेशा मानsतानी कि आतंकवाद मानव अधिकार के उल्लंघन के सबसे बड़ कारण बा। मानवाधिकार के रक्षा खातिर आतंकवाद के जड़ से खतम कइल जरूरी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]