क्रिकेट समाचार- श्रीलंका के संगे टी-20 मैच से पहिले भारत के लागल झटका

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 23, 2022

सूर्यकुमार यादव आ दीपक चाहर श्रीलंका के खिलाफ बियफे के होखे आला टी-20 सीरीज के पहिलका मैच से चोट के चलते बाहर हो गइल बा लो।

Share

सूर्यकुमार यादव आ दीपक चाहर श्रीलंका के खिलाफ बियफे के होखे आला टी-20 सीरीज के पहिलका मैच से चोट के चलते बाहर हो गइल बा लो। दुनो खेलाड़ियन के इंजूरी के चलते पहिला मैच से बाहर होखे के पड़ल बा। सूर्यकुमार यादव के वेस्टइंडीज के संगे सगे तिसरका मैच में फील्डिंग करत बेरा चोट लागल रहे। अइसन मानल जात बा कि उनकर हाथ फ्रेक्चर हो गइल बा। ओहिजा दीपक चाहर के गेना फेकत घरी चोट लागल रहे।

भारत आ श्रीलंका के बीचे लखनऊ में 24 फरवरी के पहिला आ धर्मशाला में 26 आ 27 फरवरी के दूसरा आ तिसरका टी-20 मैच होखे आला बा। ओहिजा दुनो टीमन के बीचे दु गो टेस्ट मैच,  पहिलका मोहाली में 4 से 8 मार्च ले आ दुसरका 12 से 16 मार्च ले बैंगलोर में होखे आला बा।

 

टी-20 सीरीज ला भारत के टीम

रोहित शर्मा (कप्तान), ऋतुराज गायकवाड़, श्रेयस अय्यर, सूर्य कुमार यादव, संजू सैमसन, ईशान किशन (विकेटकीपर), वेंकटेश अय्यर, दीपक चाहर, दीपक हुड्डा, आर जडेजा,युजवेंद्र चहल, रवि बिश्नोई, कुलदीप यादव, मोहम्मद . सिराज, भुवनेश्वर कुमार, हर्षल पटेल, जसप्रीत बुमराह (उपकप्तान), अवेश खान।

 

टेस्ट सीरीज ला भारत के टीम

रोहित शर्मा (कप्तान), प्रियांक पांचाल, मयंक अग्रवाल, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, हनुमा विहारी, शुभमन गिल, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), केएस भरत, आर जडेजा, जयंत यादव, आर अश्विन, कुलदीप यादव, सौरभ कुमार , मो. सिराज, उमेश यादव, मो. शमी, जसप्रीत बुमराह (उकप्तान)।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.