विमेंस एशिया कप में आज IND Vs UAE: जीत के लय बरकरार रखल चाही भारत, 2022 में 104 रन से हरवले रहे

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 21, 2024

डिफेंडिंग चैंपियन भारतीय विमेंस क्रिकेट टीम एशिया कप के दूसरका मैच में अतवार के संयुक्त अरब अमीरात (UAE) से खेली। हरमनप्रीत कौर के कप्तानी वाली भारतीय टीम पहिला मैच में आपन सबसे बड़ राइवल पाकिस्तान

Share

डिफेंडिंग चैंपियन भारतीय विमेंस क्रिकेट टीम एशिया कप के दूसरका मैच में अतवार के संयुक्त अरब अमीरात (UAE) से खेली। हरमनप्रीत कौर के कप्तानी वाली भारतीय टीम पहिला मैच में आपन सबसे बड़ राइवल पाकिस्तान के सात विकेट से करारी शिकस्त देले रहे।

पिछला बेर 2022 में भिड़ल रहे

भारतीय टीम पिछला बेर 2022 के एशिया कप में UAE के 104 रन से हरवले रहे। ओह मैच में जेमिमा रॉड्रिग्ज 45 बॉल पs 75 रन के पारी खेलले रहे।

इंडियन विमेंस टीम के एशिया कप में दबदबा रहल बा। इंडिया चार में से तीन बेर एशिया कप के टी-20 खिताब आ चारो बेर एशिया कप के 50 ओवरन के प्रारूप में जीत दर्ज कइले बिया। विमेंस एशिया कप टी-20 टूर्नामेंट में भारत 20 में से 17 मैच जीतले बा। टीम 2022 के फाइनल में बांग्लादेश के हरवले रहे।

एही महीना के सुरुआत में भारत के दक्षिण अफ्रीका के संगे भइल टी-20 सीरीज 1-1 से ड्रॉ रहल रहे। जबकि तीन टी-20 मैचन से दूसरका मैच बरखा में धुल गइल रहे। भारत खातिर सबसे अच्छा बात स्मृति मंधाना आ शेफाली के सानदार फॉर्म बा। दुनो पाकिस्तान के खिलाफ 85 रन के साझेदारी कइले रहे लो। स्मृति 45 आ शेफाली 40 रन बनवले रहली। बॉलिंग डिपार्टमेंट में दीप्ती शर्मा के तीन आ रेणुका ठाकुर के दु विकेट मिलल रहे।

UAE के अपना पहिला मैच में नेपाल के हाथन छाव विकेट से हार मिलल रहे। ग्रुप ए में बिहान पाकिस्तान के सामना नेपाल से होई। दुनो ग्रुप से शीर्ष दु टीम सेमीफाइनल खेली। नेपाल 2016 के बाद पहिला बेर टूर्नामेंट में खेल रहल बा। जबकि यूएई के ई लगातार दूसरका टूर्नामेंट है।

  • मैच डिटेल्स टूर्नामेंट- विमेंस एशिया कप
  • तारीख- 20 जुलाई
  • मैच- भारत Vs संयुक्त अरब अमीरात (UAE)
  • टॉस- 1:30 PM
  • मैच स्टार्ट- 2:00PM
  • स्टेडियम- रंगिरी दांबुला स्टेडियम, श्रीलंका

​​​​​पॉसिबल प्लेइंग XI

भारत : हरमनप्रीत कौर (कप्तान), स्मृति मंधाना, शेफाली वर्मा, जेमिमा रौड्रिग्स, रिचा घोष, पूजा वस्त्राकर, दीप्ति शर्मा, रेणुका सिंह, डी हेमलता, राधा यादव आ श्रेयांका पाटिल।

यूएई : एशा रोहित ओझा (कप्तान), कविशा कुमारी, रितिका रजत, समायरा डी, लावण्या केनी, एमिली थॉमस, हीना होचंदानी, महक ठाकुर, इंदुजा नंदकुमार, सुटी सतीश आ वैष्णवी महेश।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.