27 जुलाई: आज के दिन के ऐतिहासिक का का घटना घटल बा, ओकरा के जानीं

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 27, 2024

देश आ दुनिया के इतिहास में 27 जुलाई के तारीख के कई गो महत्वपूर्ण घटना दर्ज बा। 27 जुलाई देश के शूटिंग के इतिहास में एगो बड़हन मील के पत्थर बन गइल जब इटली के

Share

देश आ दुनिया के इतिहास में 27 जुलाई के तारीख के कई गो महत्वपूर्ण घटना दर्ज बा।

27 जुलाई देश के शूटिंग के इतिहास में एगो बड़हन मील के पत्थर बन गइल जब इटली के मिलान शहर में 1994 में भइल 46वीं विश्व शूटिंग चैम्पियनशिप के जूनियर वर्ग में जसपाल राणा स्वर्ण पदक जीतले रहले। ऊ रिकार्ड स्कोर (569/600) बना के हलचल मचवले।

दुनिया के शूटिंग मैप पs जसपल राणा के ई पहिला स्वर्ण हस्ताक्षर रहे। एकरा बाद ऊ बहुत सफलता हासिल कs के देश के शान ले आइले, बाकी उनकर पहिला स्वर्णिम कदम हमेशा याद राखल जाई।

देश आ दुनिया के इतिहास में 27 जुलाई के तारीख के दर्ज अउरी महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा : 

  •  1789 : पहिला संघीय एजेंसी विदेश विभाग के स्थापना भइल ।
  •  1862 : अमेरिकी शहर कैंटन में तूफान से तबाही मच गइल, 40 हजार लोग के मौत हो गइल ।
  •  1888 : फिलिप प्रैट पहिला इलेक्ट्रिक ऑटोमोबाइल के प्रदर्शन कइलें।
  •  1897 : पहिला बेर बाल गंगाधर तिलक के गिरफ्तारी भइल।
  •  1935 : चीन के यांग्त्ज़ी आ होआंग नदी में बाढ़ का चलते दू लाख लोग के मौत हो गइल।
  •  1982 : लगभग 11 साल में तत्कालीन प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के पहिला बेर अमेरिका यात्रा।
  •  1987 : खोजकर्ता लोग के टाइटैनिक के मलबा मिलल।
  •  1994 : शूटर जसपाल राणा विश्व शूटिंग चैम्पियनशिप में स्वर्ण पदक जीतले।
  •  1996 :अमेरिका राज्य के जॉर्जिया के अटलांटा शहर में आयोजित ओलंपिक खेलन के रंगारंग कार्यक्रम के दौरान बम विस्फोट।
  •  2003 : दुनिया के हर कोना में तैनात अमेरिकी सैनिकन के मनोरंजन खातिर मशहूर मशहूर हास्य अभिनेता बॉब होप के निधन।
  •  2006 : रूसी प्रक्षेपण वाहन नापर जमीन पर गिर गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.