[the_ad_group id="30365"]

IMD Weather Forecast Today: दिल्ली में आज हो सकेला झमाझम बरखा, यूपी-उत्तराखंड के रही इs हाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली-एनसीआर में रुक-रुक के बरखा जारी। आईएमडी के मुताबिक दिल्ली में आज भी बरखा के संभावना बा। एह दौरान आसमान में बादल छाए वाला रही अवुरी बिजली भी हो सकता। एह दौरान दिल्ली के अधिकतम तापमान 34 डिग्री आ न्यूनतम तापमान 26 डिग्री हो सकेला। एकरा अलावे काल्हु दिल्ली में भी बरखा के संभावना बा।

नोएडा आ गाजियाबाद में तापमान का होई?

आज नोएडा में न्यूनतम तापमान 27 डिग्री आ अधिकतम तापमान 35 डिग्री हो सकेला। गाजियाबाद में न्यूनतम तापमान 26 डिग्री आ अधिकतम तापमान 34 डिग्री हो सकेला।

यूपी-उत्तराखंड में मौसम कइसन होई?

यूपी के अधिकांश जिला में 30 जुलाई ले बरखा हो सकता। पश्चिमी यूपी में आजु अउरी बरखा के संभावना बा। मौसम विभाग शनिचर खातिर बीस से अधिका शहरन में भारी बरखा के यलो अलर्ट जारी कइले बा. एकरा अलावे गरज अवुरी बिजली के संभावना जादे बा।

उत्तराखंड में भारी बरखा हो रहल बा। देहरादून में आजुओ भी भारी बारिश के ऑरेंज अलर्ट जारी बा। स्थिति के ध्यान में राखत स्कूल बंद करे के आदेश दिहल गईल बा। आईएमडी के मुताबिक आज देहरादून में बिजली के संगे भारी बरखा हो सकता। चमोली, उत्तरकाशी , टिहरी , रुद्रप्रयाग, पौड़ी, पिथौरागढ़ में अधिकांश स्थान पs बरखा के अलर्ट बा।

आज राजस्थान के हालत कईसन होई?

राजस्थान के उदयपुर संभाग के कोटा में कई जगहा बरखा के संभावना बा। जयपुर, भरतपुर, अजमेर, बीकानेर आ जोधपुर संभाग में कई जगहा बरखा हो सकेला. आवे वाला समय में भी अइसने मौसम के संभावना बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]