Delhi: सीबीआई केजरीवाल के रिश्तेदार समेत चार इंजीनियर के जाँच करी, LG के अनुमति बा: जान लीं कि का बात बा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 27, 2024

सीबीआई नाली बनावे से जुड़ल भ्रष्टाचार के मामला में मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के करीबी रिश्तेदार समेत चार इंजीनियर के जांच करी। आरोप बा कि निर्माण के काम करे वाली निजी कंपनी मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के

Share

सीबीआई नाली बनावे से जुड़ल भ्रष्टाचार के मामला में मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के करीबी रिश्तेदार समेत चार इंजीनियर के जांच करी। आरोप बा कि निर्माण के काम करे वाली निजी कंपनी मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के साढ़ू सुरेंद्र कुमार बंसल के हs।

सीबीआई राष्ट्रीय राजमार्ग-44 के किनारे नाली बनावे से जुड़ल भ्रष्टाचार के मामिला में मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के करीबी रिश्तेदार समेत चार इंजीनियर के जांच करी। दिल्ली के उपराज्यपाल वीके सक्सेना सीबीआई के ओर से ए मामला के जांच के अनुमति दे देले बाड़े। ई मामिला साल 2015-16 के बा। आरोप रहे कि नाली बनावे खातीर ठेकेदार के नकली अउरी जाली चालान के आधार पs भुगतान कइल गइल। एहसे सरकारी खजाना के नुकसान भइल।

आरोप बा कि निर्माण के काम करे वाली निजी कंपनी मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के साढ़ू सुरेंद्र कुमार बंसल के हs। एकरा संगे-संगे आम आदमी पार्टी ए मामला के राजनीतिक प्रेरित बतवले बिया। पार्टी के कहनाम बा कि सुरेंद्र कुमार बंसल के मौत खुद 2017 में भइल रहे। दिल्ली के उपराज्यपाल लोग के गुमराह करे आ मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के प्रतिष्ठा के कलंकित करे खातिर ई मामिला उठावत बाड़न। अरविंद केजरीवाल के राजनीति में आवे से पहिले सुरेंद्र कुमार बंसल ठेका पs काम करत रहले। पार्टी ए मामिला के निष्पक्ष जांच के मांग करतिया।

दिल्ली सरकार के काम रोके के कोशिश

दिल्ली सरकार के कहनाम बा कि पछिला दु साल से केंद्र सरकार के तमाम जांच एजेंसी हर हफ्ता मनगढ़ंत कहानी बनावत आ आरोप लगावतिया। आरोप में करोड़ों रुपया के भ्रष्टाचार के बात होखता, बाकी अभी तक केंद्र सरकार के कवनो एजेंसी के ओर से हमनी के कवनो मंत्री चाहे ओ लोग के जान-पहचान के घर से एको पईसा नइखे बरामद भइल। ई जांच भी बाकी जांच नियन बा। जइसहीं कोर्ट में बात आई, एह जांच के भी ओसही उड़ा दिहल जाई, जइसे पुरनका केस के उड़ा दिहल गइल बा। केंद्र सरकार दिल्ली सरकार के काम रोके के पूरा ताकत लगावत बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.