Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी चुनाव के हाल : चउथका चरन के सूरताल

यूपी विधानसभा चुनाव के चउथका चरन में आजु लखनऊ के 9 सीट पs ओटिंग चल रहल बा

218

यूपी विधानसभा चुनाव के चउथका चरन में आजु लखनऊ के 9 सीट पs ओटिंग चल रहल बा बिहाने  से खबर लिखे जाए ले अभिन 15.2 प्रतिसत ओटिंग भइल बा| सबसे पहिले बसपा के सुप्रीमो मायावती जाके ओट डलली| उनके संगे सतीस मिसिर रहनें| ओटिंग के बाद मीडिया से बातचीत में ऊ कहली कि 2007 की तरे ए बेरो बसपा के सरकार बनीं। ऊ दावा कइली कि मुसलमान बसपा के संगे बानें लोग।

9 बजे तक 8.19% मतदान

विधानसभा मतदान प्रतिसत
मलिहाबाद 9
बख्शी का तालाब(बीकेटी) 10.25
सरोजिनी नगर 9.2
लखनऊ पच्छिम 7.6
लखनऊ उत्तर 9.2
लखनऊ पूरब 8.4
लखनऊ सेंट्रल 5.5
लखनऊ कैंट 5.4
मोहनलालगंज 8
कुल 8.19

 

  • बसपा नेता सतीश चन्द्र मिसिर परिवार के संगे माल एवेन्यू में जाके ओट डलनें।
  • केंद्रीय रक्षा मंतरी राजनाथ सिंह स्कॉलर्स होम में परिवार के संगे जाके ओट डलनें।
  • जल शक्ति मंतरी महेंद्र सिंह माल एवेन्यू चिल्ड्रन पैलेस में जाके ओट डलनें।
  • लखनऊ उत्तर से भाजपा प्रत्यासी डा. नीरज बोरा परिवार के संगे जाके ओट डलनें।
  • राजनाथ सिंह के बेटवा पंकज सिंह स्कॉलर्स होम मतदान केंद्र पs जाके ओट डलनें।
  • शिया धरमगुरु मौलाना सैफ अब्बास नक़वी एमडी शुक्ला कॉलेज में जाके ओट डलनें।
  • अपर मुख्य सचिव, सूचना नवनीत सहगल ओट डलनें।
  • मीडिया से बात करत ऊ कहनें कि मतदान कइल लोग के संवैधानिक अधिकार बा एलिए वोट जरूर डालीं। पहिले मतदान करीं फिर जलपान करीं।
  • सरोजनीनगर से भाजपा प्रत्यासी राजेश्वर सिंह मतदान से पहिले चंद्रिका देवी मंदिर में जाके पूजा कइनें।
  • राजेश्वर सिंह मीडिया से बात करत कहनें कि सरोजनीनगर के मतदाता उनकरे संगे बानें लोग, ऊ एक लाख ओट से चुनाव जितिहें।
  • लखनऊ मध्य विधानसभा के बूथ संख्या 348 के ईवीएम मशीन में दिक्कत अइला से अभिन ले ओटिंग नाइ सुरू हो पवले बा।
  • केंद्रीय राज्य मंत्री कौशल किशोर अपना मेहरी जय देवी संगे जाके ओट डलनें।
  • लखनऊ के महापौर संयुक्ता भाटिया अपना परिवार के संगे आलमबाग के सिंगार नगर के राजकीय बालिका इंटर कॉलेज में बिहानें 7 बजे सबसे पहिले जाके ओट डलली|
  • अल्पसंख्यक कल्याण मंत्री मोहसिन रजा विवेक खंड में सेंट जॉन बास्को कॉलेज में जाके ओट डलनें।
  • बसपा सुप्रीमो मायावती माल एवेन्यू चिल्ड्रन पैलेस बूथ में जाके ओट डलनें। उनके संगे सतीश मिसिरो रहनें।
  • मायावती मीडिया से बातचीत में कहली कि सब पार्टी दावा क रहल बिया। जब रिजल्ट आई त बसपा 2007 के तरे पूरा बहुमत के सरकार बनाई।
  • मुसलमान ओटर्स के सपा के संगे गइले के सवाल पs कहली कि ई रउआ छेत्र  में जाके मुसलमानन से पूछ सकेनीं।
  • सपा पs निसाना साधत ऊ कहली कि उनके सरकार में सबसे ढेर गुंडागर्दी भइल बा।
  • मतदान से पहिले मंतरी ब्रजेश पाठक  अपने घर पs पूजा कइनें।
  • ब्रजेश पाठक कहनें, “बिहानें से मतदाता भाजपा के ओट देवे खातिर तइयार बानें। घर में पूजा कइले बानीं अउर मंदिरो जाएब।
  • ओटरन से अपील करत ऊ कहनें कि आजु घर से निकल के ओटिंग करे

 

साभार – दैनिक भास्कर

220970cookie-checkयूपी चुनाव के हाल : चउथका चरन के सूरताल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.