[the_ad_group id="30365"]

Loksabha Election 2024: अल्पसंख्यक नेता लोगन के संगे आज बनी कांग्रेस के रणनीति, आम चुनाव के लेके बैठक अहम 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस अल्पसंख्यक विभाग के प्रदेश स्तरीय बैठक सनीचर के दुपहरिया 1:00 बजे लखनऊ इस्थित नेहरू भवन में होई। लोकसभा चुनाव के मद्देनजर ई बैठक अहम बा।

बैठक में पार्टी में अल्पसंख्यकन के भागीदारी आ अलग-अलग कार्यक्रमन के जरिए अल्पसंख्यक मुद्दन पs आइल फीडबैक पs चरचा कइल जाई। अल्पसंख्यकन के जोड़े खातिर एही फीडबैकन के आधार पs नया रणनीति तैयार कइल जाई। बैठक में प्रदेश अध्यक्ष अजय राय मवजूद रहिहें।

अल्पसंख्यक विभाग के प्रदेश अध्यक्ष शाहनवाज आलम बतवलें कि एह बैठक में प्रदेश भर के अल्पसंख्यक विभाग के पदाधिकारियन के संगही आउर वरिष्ठ अल्पसंख्यक नेता मवजूद रही लो। सभकर सुझाव लेके भविष्य के रणनीति तइयार कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]