[the_ad_group id="30365"]

Nitish Kumar: ए घरी इंडिया गठबंधन में कवनो काम नइखे हो रहल, कांग्रेस पार्टी धेयान नइखे दे रहल’, CM नीतीश कुमार जतवलें नाराजगी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एगो चउकावे वाला बयान देले बाड़ें जवन कांग्रेस पार्टी खातिर निमन खबर नइखे। दरअसल, भाकपा के रैली में नीतीश कुमार इंडिया गठबंधन में चल रहल गतिविधियन के लेके नाराज लउकलें। ऊ आपन नाराजगी कांग्रेस पार्टी पs देखवलें।

ए घरी इंडिया गठबंधन में काम नइखे हो रहल: नीतीश कुमार

नीतीश कुमार कहलें कि ए घरी इंडिया गठबंधन में कवनो काम नइखे हो रहल। कांग्रेस पार्टी एह पs धेयान ना देके पांच राज्यन के चुनावन में व्यस्त हो गइल बिया। नीतीश कुमार कहलें कि देस के बचावे खातिर हमनी के इंंडिया गठबंधन के गठन कइले रहनी सs।

कांग्रेस पार्टी धेयान नइखे दे रहल: नीतीश कुमार

देस के इतिहास के बदले वालन के हटावे खातिर एह गठबंधन के बनावल गइल रहे। हमनी के सब लोगन से कहले रहनी सs कि एकजुट होखल जाव आ देस के बचावल बाकिर ए घरी कांग्रेस पार्टी पांच राज्यन के चुनाव में व्यस्त बिया। चुनाव खत्म होखतही ऊ फेर से सब लोगन के साथ बोलाई।

हम तs देस के एकजुट करे खातिर ई डेग उठवले बानी: नीतीश कुमार

नीतीश कुमार कहलें कि चलीं जवन हो रहल बा रहे दियाव। बाकिर हम तs देस के एकजुट करे खातिर आ जे आज शासन में बा ओकरा से देस के बचावे खातिर ई सब करत रहनी। अब तs पांच राज्यन के चुनाव के बादे फेर से सब लोगन के बैठक होई।

हमनी के सबका के एक साथे लेके चले वाला हई सs: नीतीश कुमार

नीतीश कुमार कहलें कि हमनी लोग तs सबका के एक संगे लेके चले वाला हई सs। ऊ कहलें कि हमनी के सोशलिस्ट लोग हई। सीपीआई से हमनी के पुराना रिश्ता बा। कम्युनिस्ट आ सोशलिस्ट के एक होके आगे चले के बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]