[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: गोरखपुर जिला कांग्रेस कमेटी में नया बखेड़ा: वरिष्ठ कांग्रेसियन के सम्मान समारोह पs भड़कली जिलाध्यक्ष, बोलली- केहू कार्यक्रम में गइल तs ओकरा पs होई एक्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के जिला कांग्रेस कमेटी में नया बखेड़ा खड़ा हो गइल बा। वरिष्ठ कांग्रेसियन के सम्मान समारोह के मुद्दा पs कांग्रेसी दु धड़ा में बंट गइल बा लो। जिलाध्यक्ष सम्मान समारोह में कांग्रेसियन के सामिल ना होखे के कहली तs दूसरका तरफ जिला महासचिव अनुराग पांडेय देर रात तक समारोह के बेवस्था में जुटे रहलें। मुख्य अतिथि फरेंदा के कांग्रेस विधायक वीरेंद्र चौधरी बाड़ें।

जिला कांग्रेस कमेटी के महासचिव अनुराग पांडेय सम्मान समारोह के आयोजन कइल गइल बा। मंगर के दुपहरिया 12:30 बजे कार्यक्रम होई। एमे 50 से जादे वरिष्ठ कांग्रेसियन के सम्मानित करे के लक्ष्य रखल गइल बा। समारोह के मुख्य अतिथि विधायक वीरेंद्र चौधरी के बनावल गइल बा।

कांग्रेस के मजबूत करे वालन के होई सम्मान

अनुराग पांडेय कहलें, कांग्रेस के मजबूत करे वालन सब लोगन के सम्मान कइल जाई। सम्मान समारोह से नाराज जिलाध्यक्ष निर्मला पासवान वाट्सएप ग्रुप पs आपन संदेश लिखले बाड़ी। कहली कि अनुमति बिना मीटिंग में केहू ना जाए, केहू रुपिया मांगे तs मत दीं। अइसन कइल अनुशासनहीनता मानल जाई। अनुराग पांडेय हमनी के कमेटी से बाहर बाड़ें।

ई अनुराग के व्यक्तिगत कार्यक्रम, एमे मत जाई 

7 नवंबर के अनुराग पांडेय कावर से आयोजित कार्यक्रम उनकरा व्यक्तिगत हs। जदि जिला के प्रत्याशी, जिला कांग्रेस कमेटी के वर्तमान पदाधिकारी, वर्तमान ब्लाक पदाधिकारी सामिल होत बा लो तs ओकरा खिलाफ प्रदेश कांग्रेस कमेटी के अध्यक्ष कार्रवाई करिहें। प्रदेश अध्यक्ष के निर्देशानुसार दलित गौरव संवाद कार्यक्रम चलावाल जा रहल बा। एह बीच नया कार्यक्रम ठीक नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]