[the_ad_group id="30365"]

UNSC: जयशंकर के चीन-पाकिस्तान पs निशाना, कहनें- अंतरराष्ट्रीय मंच के कइल जा रहल बा दुरुपयोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आतंकवादियन के हमदर्द चीन अउर पाकिस्तान पर विदेश मंत्री एस जयशंकर बुध के परोक्ष रूप से हमला बोललें। संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद (यूएनएससी) में एगो खुलहा बहस में भाग लेत जयशंकर कहनें कि आतंक के साजिशकर्ता लोग के सही ठहरावे अउर बचावे खातिर अंतरराष्ट्रीय मंच के दुरुपयोग कइल जा रहल बा। साथही संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में कश्मीर के मुद्दा उठवले के बाद जयशंकर पाकिस्तान पर जोरदार पलटवार कइलें। जयशंकर कहनें कि जौन देश अल-कायदा आतंकी ओसामा बिन लादेन के मेजबानी कइलें अउर पड़ोसी देश के संसद पर हमला कइलें, उनके उपदेश देवे के हक नइखे।

चीन अउर पाकिस्तान के ओर इशारा

‘अंतरराष्ट्रीय शांति और सुरक्षा का संरक्षण : सुधारित बहुपक्षवाद के लिए नई दिशा’ विषय पर एह खुलहा बहस के अध्यक्षता करत जयशंकर इहो कहनें कि संघर्ष के स्थिति के प्रभाव से साफ हो गइल बा कि बहुपक्षीय मंच पर अब पहिले जइसन कामकाज जारी नाइ रह सकsता। आतंकवाद के चुनौतियन के जहवाँ पूरा दुनिया संगे मिल के मजबूती से मुकाबला कs रहल बिया, उहवें आतंकवादी गतिविधियन के अंजाम देवे वाले अउर उनकर साजिश रचे वालन के बचावे अउर उनके उचित ठहरवले खातिर अंतरराष्ट्रीय मंच के दुरुपयोग हो रहल बा।

उनकर इशारा चीन के ओर रहल, जौन संयुक्त राष्ट्र में पाकिस्तान स्थित जैश-ए-मोहम्मद सरगना मसूद अजहर के अंतरराष्ट्रीय आतंकी ठहरवले के भारत अउर अमेरिका के प्रस्ताव के बेर-बेर रोकले बा।

लादेन के मेजबानी करे वालन के उपदेश देवे के हक नइखे

पाकिस्तान के विदेश मंत्री बिलावल भुट्टो के ओर से संयुक्त राष्ट्र में फिर कश्मीर के राग अलपले पs जयशंकर कड़ा प्रतिक्रिया व्यक्त कइलें। ऊ कहनें, ओसामा बिन लादेन के मेजबानी करे वाले अउर पड़ोसी देश के संसद पs आतंकी हमला करावे वाले देश के विश्वसनीयता अइसन नइखे कि ऊ एह परिषद में आ के उपदेश दे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]