[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: शराब से 39 मौत, नीतीश बोललें – जे पी ऊ मरी; थाना के लगे सबसे जादे बिकल शराब, सप्लायर खुदे ओहि शराब के पीके मरल। मशरख के आसपास के इलाकन से 600 लीटर शराब भइल जब्त। शराब बिकत रहल.. पुलिस खामोश रहल।
  2. बिहार: पीके बोललें- नीतीश के आसपास रहे वाला पियेला लोग शराब; छपरा में शराबकांड पs कहलें- शराबबंदी कानून 48 घंटा के भीतरी वापस लेवे सरकार।
  3. उत्तर प्रदेश: बाहुबली माफिया मुख्तार अंसारी आ भीम सिंह के 10-10 साल के सजा, गैंगेस्टर के ममिला में मानल गइल दोषी।गाजीपुर के मुकदमा में विडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से करावल गइल पेशी।
  4. उत्तर प्रदेश: अहीर रेजिमेंट बनल तs चीन के रुह कांप जाई, संसद में बोललें निरहुआ, 1962 में 162 सैनिक 3000 के मार गिरवले रहे लो।
  5. झारखंड: जामताड़ा में अपने में भिडलें कांग्रेसी, प्रदेश अध्यक्ष राजेश ठाकुर के संगे धक्का-मुक्की। भारत जोड़ो उप यात्रा के दौरान खुलके सामने आइल आपस के खींचतान।
  6. जहरीली शराब से मौत पs बिहार विधानसभा में जमके हंगामा: सीएम के इस्तीफा के लेके बीजेपी के वॉकआउट, सदन बिहान तक खातिर स्थगित।
  7. एसिड अटैक पीड़ित के चेहरा 8% झुलसल, आंख डैमेज: दिल्ली पुलिस के फ्लिपकार्ट के नोटिस, एहिजा से आरोपी किनले रहे तेजाब। अभी ले तीन आरोपी गिरफ्तार।
  8. सुप्रीम कोर्ट गोधरा के दोषी के जमानत देलस: CJI के बेंच बोलल- ऊ ट्रेन पर पत्थर फेंकले रहे, 17 साल जेल में रहल। 59 लोगन के भइल रहे गोधरा कांड में मौत।
  9. PAK-AFGAN बॉर्डर पs जबरदस्त फायरिंग: अफगान तालिबान के हमला में 4 पाकिस्तानी फौजी मारल गइले; 4 दिन पहिले 12 लोग गववले रहे जान।
  10. बांग्लादेश पs फॉलोऑन के खतरा: पहिला पारी में स्कोर 133/8, कुलदीप चार आ सिराज तीन विकेट लेलें। 22 महीना बाद कुलदीप यादव के जोरदार वापसी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]