[the_ad_group id="30365"]

चीनी सैनिकन के संगे झड़प के पुरान वीडियो भइल वायरल, सेना कहलस- वीडियो झड़प से संबंधित नइखें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकार द्वारा नौ दिसंबर के अरुणाचल प्रदेश में सीमा पs भारतीय आ चीनी सैनिकन के बीच झड़प के पुष्टि के एक दिन बाद झड़प के एगो वीडियो सामने आइल बा। ई वीडियो कब के हs, अभी एकर जानकारी नइखे मिल पाइल। बाकिर सेना एह बात से इन्कार कइले बा कि ई वीडियो नौ दिसंबर के घटना से संबंधित हs। वीडियो में चीनी सैनिकन द्वारा अतिक्रमण के कोसिस दिख रहल बा जबकि भारतीय सैनिक ओकनी के ओह कोसिस के बहादुरी से मुकाबला करत आ ओकनी के जमके पीटत दिखाई दे रहल बा लोग। मानल जा रहल बा कि ई घटनाक्रम वास्तविक नियंत्रण रेखा (एलएसी) के लगे यांग्त्से सेक्टर में जून 2020 में पूर्वी लद्दाख के गलवन घाटी में भइल हिंसक टकराव के कुछ समय बाद के हs।

गलवन में भइल टकराव में 20 भारतीय सैनिक बलिदान भइल रहे लोग जबकि 40 से बेसी चीनी सैनिक मारल गइले भा घायल भइल रहले सs। ताजातरीन सामने आइल वीडियो में भारतीय सैनिक सीमा पार करे के कोसिस कर रहल चीनी सैनिकन से हिंसक रूप से भिड़त आ ओकानी के पीटत दिखाई दे रहल बा लोग। पंजाबी में जवान कहत सुनाई दे रहल बा लोग – इन्हें इतना मारो, ये वापस नहीं जाने पाएं। इहे ना, ऊ चिल्लात बा लोग- इनके सिर पर मारो..मारो, मारो। इन्हें भगाओ। भारतीय सैनिकन के चीनी सैनिकन के डंडन से मारत आ मुट्ठी के इस्तेमाल करत दिखावल गइल बा ताकि चीनियन के आगे बढ़े से सफलतापूर्वक रोकल जा सके।

मंगर के संसद में रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह चीन द्वारा नौ दिसंबर के ओहि क्षेत्र में जमीन हड़पला के प्रयास के पुष्टि कइले रहस। राजनाथ सिंह कहलें रहस कि दुनो पक्षन के बीच झड़प भइल, बाकिर भारतीय सैनिक चीनी सैनिकन के लवटे खातिर मजबूर कs देलस। ओकर मुकाबला कइल लोग। बता दीं कि भारत आ चीन के बीच दु दर्जन से बेसी क्षेत्रन पर विवाद बा। एमे से एगो यांग्त्से हs, जवना के चीनियन द्वारा बेर-बेर निशाना बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]