Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Unnao: अधिकारियन से कही बिजली नाही काटे, पढ़ले-सुतले में दिक्कत होला… कक्षा 9 के छात्रा Yogi के लिखली चिट्ठी

193

 

उत्तर प्रदेश के उन्नाव जिला में रहे वाली एगो लइकी छात्रा बिजली कटौती के समस्या के लेके सीएम योगी आदित्यनाथ के चिट्ठी लिखले बिया। छात्रा के कहनाम बा कि अघोषित बिजली कटौती (UP Power Cut) के चलते उनुका पढ़ाई-लिखाई अवुरी सुते में बहुत परेशानी होखता, एहसे बिजली के समस्या के संज्ञान लेवे के चाही अवुरी समस्या के दूर क के सभके राहत देवे के चाही यूपी में पढ़े वाला छात्रन के। उन्नाव के शुक्लागंज कस्बा निवासी विदुषी सिंह सीएम योगी के नाम से इ चिट्ठी लिखले बाड़े। एकरा संगे मुख्यमंत्री के पोर्टल पs अघोषित बिजली कटौती के शिकायत भी कईल गईल बा। रउरा सभे के बता दी कि विदुषी सिंह कक्षा 9 के छात्रा हउवें आ कानपुर के एगो स्कूल में पढ़त बाड़ी।

अधिकारियन के बिजली ना काटे के निर्देश दीं

विदुषी सिंह सीएम के चिट्ठी में लिखले बानी कि हम विदुषी सिंह कक्षा 9 के छात्रा हई। हमार आवास ऋषिनगर शुक्लागंज उन्नाव जिला में बा। विदुशी आगे लिखले कि, ‘आदरणीय योगी जी, पछिला दु महीना से हमनी के इलाका में अघोषित बिजली कटौती होखता, जवना के चलते हमनी के पढ़े-लिखे अवुरी सुते में बहुत परेशानी के सामना करे के पड़ता। हमरा उज्जवल भविष्य खातिर अधिकारियन के निर्देश दीं कि बिजली मत कटवावे। बाबूजी कई बेर बिजली कटौती के समस्या के शिकायत कईले बानी लेकिन कवनो सुनवाई नईखे होखत।

विद्यार्थियन के राहत देबे के काम करेला

विदुषी आगे लिखले बाड़ी कि प्रार्थना पत्र के संज्ञान में लेके यूपी के साथे जिला के सगरी छात्रन के एह तपत गरमी में राहत देबे के काम करीं।

 

 

 

 

572590cookie-checkUnnao: अधिकारियन से कही बिजली नाही काटे, पढ़ले-सुतले में दिक्कत होला… कक्षा 9 के छात्रा Yogi के लिखली चिट्ठी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.