[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: सीएम योगी से मिलल लो मंत्री पंकज चौधरी आ कमलेश पासवान, देलें बधाई- जानीं का कहलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। केंद्रीय वित्त राज्यमंत्री पंकज चौधरी आ केंद्रीय ग्रामीण विकास मंत्री कमलेश पासवान सनीचर के सबेरे गोरखनाथ मंदिर में मुख्यमंत्री आ गोरक्षपीठाधीश्वर योगी आदित्यनाथ से शिष्टाचार भेंट कइल लो।

मुख्यमंत्री दुनो केंद्रीय राज्यमंत्रियन के बधाई देत ओह  लोगन के उज्ज्वल कार्यकाल खातिर सुभकामना देलें। दुनो राज्यमंत्री सनीचर के गोरखनाथ मंदिर पहुंचके गुरु गोरखनाथ के दर्शन पूजन कइला के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मुलाकात कइल आ पुष्पगुच्छ देके उनकर अभिनंदन कइल।

बता दीं कि मुख्यमंत्री अभी गोरखपुर के दौरा पs बाड़ें। ऊ कइयन गो विकास परियोजन के सुरूआत आ उद्धघाटन करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]