[the_ad_group id="30365"]

ई टॉप क्लास ट्रेन बुलेट के रफ्तार से पटरी पs चली, बस एतना घंटा में पटना से दिल्ली ले जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटरी पर 130 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से एगो ट्रेन दहाड़े जा रहल बिया। एकरा संचालन खातिर रैक के मांग कइल गइल बा। एह साल ही लोग एह एक्सप्रेस ट्रेन के मजा ले सकेला।

पटना-दिल्ली के बीच यात्रा करे वाला यात्रियन के जल्दिए अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेन के उपहार मिले जा रहल बा। अब यात्री ए सुपरफास्ट ट्रेन से मात्र 12 घंटा में पटना से दिल्ली पहुंच सकतारे। संगही, ई ट्रेन पटरी पs दहाड़त 130 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से चलेले। एकरा संचालन खातिर रैक के मांग कइल गइल बा। एह साल लोग अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेन के आनंद ले सकेलें । हालांकि 130 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से चले वाली ट्रेन के सूची में राजधानी एक्सप्रेस, संपूर्ण क्रांति एक्सप्रेस, वंदे भारत एक्सप्रेस शामिल बा। बाकी अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेन बाकी से एकदम अलग बा।

बा एह ट्रेन के खासियत

पटना-दिल्ली के बीच चले वाली अमृत भारत एक्सप्रेस में जनरल क्लास आ सेकेंड क्लास में बदलाव भइल बा। ई ट्रेन 130 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से चली। अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेन में कुल 22 गो कोच होई। ट्रेन में दिव्यांग लोग खातिर सुविधा के ख्याल राखल गइल बा। सामान रैंक पs कुशन भी लगावल जाई। सामान्य ट्रेन के मुक़ाबले ए ट्रेन के सीट के आरामदायक बनावल गइल बा। अमृत भारत एक्सप्रेस मेट्रो नियन देखाई दिही, लोग एक डिब्बा से दूसरा डिब्बा में जा सकेले। एह ट्रेन के हर सीट के लगे चार्जिंग प्वाइंट होखी। एकरा अलावे ए ट्रेन में सीसीटीवी कैमरा, बायो-वैक्यूम वाशरूम, सेंसर नल, एलईडी लाइट आ यात्री के बारे में जानकारी खातीर सूचना बोर्ड भी होई।

रंग भी आकर्षक बा 

अमृत भारत एक्सप्रेस नॉन एसी स्लीपर अनरिजर्व क्लास ट्रेन हs। एकरा के कम लागत आ लंबा दूरी के सेवा खातीर बनावल गइल बा। एकरा अलावे एकरा के नारंगी आ ग्रे के आकर्षक रंग में देखल जाई। एहमें से आठ गो कोच अआरक्षित यात्रियन खातिर सामान्य दुसरका श्रेणी के होखी। सेकेंड क्लास में 3 टीयर स्लीपर के 12 कोच आ दु गार्ड डिब्बा बा। भारतीय रेलवे अमृत भारत खातिर 2024-25 में 2605 जनरल कोच आ 1470 स्लीपर कोच बनावे के लक्ष्य तय कइले बिया। ई ट्रेन एसी ना होई, बाकी सब सुविधा वंदे भारत नियन होई। एकरा चलते अमृत भारत के किराया सामान्य एक्सप्रेस ट्रेन से 15 से 17 प्रतिशत जादा होखे के उम्मेद बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]