[the_ad_group id="30365"]

मशरक गोपालबारी गांव में रन फॉर फन के तहत एथेलेटिक्स खेल भइल आयोजित, लईका लोग खेल के माध्यम से दिखावल आपन प्रतिभा, खेल देखे खातिर दर्शकन के उमड़ल भीड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक नगर पंचायत अवस्थित गोपालबारी प्राथमिक विद्यालय के लगे खेल मैदान में रन फॉर फन एथलेटिक्स एक दिन के प्रतियोगिता के आयोजन शिक्षक समूह के सौजन्य से भइल। खेल में भाग लेवे वाला प्रतिभागियन के रजिस्ट्रेशन एक दिसंबर 2022 से 05 दिसंबर 2022 तक सीमित समय खातिर रखल गइल रहे।

एथलेटिक्स प्रतियोगिता में मशरक प्रखंड सहित आउर प्रखंडन के छात्र आ छात्रा सरकारी विद्यालय सहित प्राइवेट स्कूलन, कोचिंग संस्थानन से बहुते संख्या में लईका लोग खेल में सामिल होखे खातिर पहुंचल रहे लो। खेल के शुभारंभ धनंजय सिंह फौजी आ आयोजन के मुख्य अतिथि पूर्व प्रधानाध्यापक सुरेंद्र नाथ सिंह खिलाड़ियन से हाथ मिलाके परिचय प्राप्त कर के आ झंडी दिखाके एथलेटिक्स प्रतियोगिता के सुरुआत कइल लोग।

एथलेटिक्स इवेंट में 5 km रेस सीनियर मेल, 3 km रेस जूनियर मेल, 1600 सौ मोटर रेस सब मेल, 1000 m रेस सब फीमेल, हाई जंप सीनियर, जूनियर मेल आ फीमेल, लौंग जंप सीनियर, जूनियर जंप सामिल रहे। एथलेटिक्स खेल प्रतियोगिता के मैनेजमेंट अशोक सर, रामाशंकर सहनी, रंजीत सिंह शशिरंजन सिंह कइल लोग आ मुख्य रूप से मंच पर खिलाड़ियन के निगरानी में मवजूद रहे लो।

प्रतियोगिता में खेलन के देखे खातिर बहुते संख्या में दर्शक लोगन के भीड़ उमड़ल। ओहिज प्रतियोगिता को सुचारू रूप से करावे के जिम्मेदारी राजू सर, सत्रुधन कुमार, बीटू सर, चंदन सर, रितेश कुमार धनंजय सर फौजी ,कौशलेंद्र सर ,गौरीशंकर सहनी शशिरंजन सिंह आदि पर रहल। संयुक्त रूप से खेल प्रतियोगिता खातिर सभे लोग मुस्तैद रहल।

एथलेटिक्स प्रतियोगिता के उदघोषक रामाशंकर सहनी बतवलें कि विभिन्नता में रहे वाला छात्रन के एकता का परिचय देला खेल प्रतियोगिता। खेल प्रतियोगिता में कवनो जात पात ना होला। ओहिजा राजू सर बतवलें कि लईकन के खेल खेलला से शारीरिक आ मानसिक विकाश होला। ओहिजा लौंग जंप, हाई जंप, लंबी कूद, लम्बी दौड़, ऊंची कूद में पहिल से पांचवां तक के सफल प्रतिभागियन के कप आ मोमेंटो देके सम्मानित कइल गइल। संगही खेल प्रतियोगिता में सामिल आयोजक आ शिक्षक साथियन के सॉल देके सम्मानित कइल गइल।

सम्मानित होखे वालन में मुख्य रूप से शिक्षक साथी आर एस एस कंपियूटर के संचालक रामाशंकर सहनी, गौरीशंकर सहनी, एस एस जी पब्लिक स्कूल के डायरेक्टर कम प्रिंसपल शशिरंजन सिंह, यूरोपीय पब्लिक स्कूल के संचालक चंदन सिंह, सत्रुधन कुमार, मेट्रो सी एस सी एकेडमिक के संचालक राकेश सिंह महंत, पैराडाइज ज्ञान सागर के संचालक नवीन सर, मां साइंस कलासेस के संचालक सुधीर कुमार, चाणक्य साइंस एकेडमिक के संचालक बीटू कुमार, पी के कुमार, रूटस कलासेज के संचालक मुन्ना कुमार, एंबिसन टॉप टेन के संचालक राजू सिंह, स्योर साक्से सेंटर के संचालक नीरज कुमार, पाठशाला क्लासेस के संचालक संटू कुमार सहित प्रतियोगिता में सामिल आउर गण्यमान् लोगन के अंग वस्त्र देके सम्मानित कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]