[the_ad_group id="30365"]

देवरिया: राष्ट्रीय यूथ वॉलीबॉल में चुनल गइलें छात्रावास के 4 खिलाड़ी, मध्य प्रदेश के पन्ना में होई चैंपियनशिप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स स्टेडियम के वॉलीबॉल छात्रावास के चार खिलाड़ियन के चयन राष्ट्रीय यूथ वॉलीबॉल चैंपियनशिप खातिर होखे वाले ट्रायल खातिर भइल बा। 16 से 22 दिसंबर ले ई मध्य प्रदेश के पन्ना में होई। एकरे खातिर संभावित यूपी टीम के 15 दिवसीय प्रशिक्षण झांसी में लगले के उम्मीद बा।

भारतीय वॉलीबॉल महासंघ के देखरेख में होखे वाला 25वीं यूथ वॉलीबॉल चैंपियनशिप खातिर यूपी के पुरुष अउर महिला टीम के चयन प्रक्रिया कानपुर के रामलीला ग्राउंड श्यामनगर में होखे के बा। एमें वीर बहादुर सिंह स्पोर्ट्स कॉलेज गोरखपुर, गुरु गोविंद सिंह स्पोर्ट्स कॉलेज लखनऊ के अलावा सब पुरुष अउर महिला वालीबाल छात्रावास के अलावा उत्तर प्रदेश वालीबाल एसोसिएशन से संबद्घ सब इकाईयन से जुड़ल खिलाड़ी हिस्सा लीहें।

चयन ट्रायल खातिर देवरिया छात्रावास से आनंद मिश्रा, मो.वसीम सैफी, कौशलेंद्र त्रिपाठी, अमृतराज यादव के भी चयन भइल बा। ई चारों खिलाड़ी कानपुर में चयन ट्रायल देवे चल गइल बानें। छात्रावास के प्रशिक्षक योगेंद्र सिंह बुधवार के बतवलें कि पन्ना शहर में आयोजित होखे वाले यूथ वॉलीबॉल चैंपियनशिप में अंडर-21 आयु वर्ग के खिलाड़ी हिस्सा लेनें। चैंपियनशिप में 29 राज्यन के महिला अउर पुरुष टीम प्रतिभाग करी। यूपी के दूनों टीम के चयन खातिर प्रक्रिया शुरू भइल बा। ट्रायल के बाद यूपी टीम के 15 दिवसीय तैयारी प्रशिक्षण शिविर झांसी में लगले के उम्मीद बा।

एहमें दूनों टीम खातिर 18-18 खिलाड़ियन के चयन कइल जाई। फाइनल ट्रायल के बाद यूपी के 12-12 सदस्यीय टीम के चयन कइल जाई। जौन यूथ चैंपियनशिप में उत्तर प्रदेश के प्रतिनिधित्व करी। ऊ बतवली कि देवरिया के चार खिलाड़ियन के नामो प्रदेश स्तरीय पुरुष टीम खातिर भेजल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]