[the_ad_group id="30365"]

काशी-तमिल संगमम: यूपी महिला टीम बनल चैंपियन, तमिलनाडु के मिलल 6-1 से हार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

काशी-तमिल संगमम के तहत यूपी अउर तमिलनाडु के बीच नौ खेल के प्रतियोगिता के शुभारंभ भइल। काशी तमिल संगमम के तहत आयोजित काशी तमिल संगम फ्रेंडली मैच के पहिले दिन उत्तर प्रदेश के महिला टीम तमिलनाडु के 6-1 से हरा के चैंपियन बनल।
प्रतियोगिता में हिस्सा लेवे खातिर गुरुवार के हॉकी अउर फुटबॉल के टीम काशी पहुंच गइल। स्टेशन पर उनकर भव्य स्वागत कइल गइल।
भारतीय खेल प्राधिकरण (साई) अउर बीएचयू के समन्वय से आयोजित नौ खेल हॉकी, फुटबॉल, कबड्डी, क्रिकेट, खोखो, वॉलीबाल, बास्केटबॉल, बैडमिंटन, टेबल टेनिस प्रतियोगिता होई। साई लखनऊ के अधिशासी निदेशक संजय सारस्वत बतवलें कि प्रतियोगिता में हिस्सा लेवे खातिर तमिलनाडु से हॉकी अउर फुटबॉल टीम बनारस आ चुकल बा।

काशी तमिल संगमम में प्रदर्शनी
नौ दिसंबर के फुटबॉल मैच, 10 दिसंबर के बास्केटबॉल, 11 दिसंबर के पुरुष क्रिकेट मैच, 12 दिसंबर के महिला टेबल टेनिस अउर पुरुष बैडमिंटन मैच, 13 दिसंबर के वॉलीबाल, 14 दिसंबर के खोखो अउर 15 दिसंबर के कबड्डी प्रतियोगिता होई। क्रिकेट प्रतियोगिता आईआईटी बीएचयू के मैदान में होई। बैडमिंटन अउर टेबल टेनिस के मैच विभूति नारायण इंडोर स्टेडियम में होई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]