[the_ad_group id="30365"]

यूक्रेनी खुफिया एजेंसी चीफ के पत्नी के जहर दिहल गइल : अस्पताल में भरती, कइयन गो सीक्रेट एजेंट्स के मारे के कोसिस भइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूक्रेन के खुफिया एजेंसी के चीफ लेफ्टिनेंट जनरल किरिलो बुडानोवा के पत्नी के हत्या के कोसिस भइल बा। यूक्रेनी न्यूज वेबसाइट बाबेल के मोताबिक, मंगलर के मारियाना बुडानोवा के जहर दिहल गइल। जवना के बाद उनका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा। फिलहाल यूक्रेन के खुफिया एजेंसी एह पs कवनो बयान नइखे देलें।

लोकल मीडिया के मोताबिक, कइयन इंटेलिजेंस से जुड़ल कइयन गो अधिकारियन (सीक्रेट एजेंट्स) के मारे के कोसिस कइल गइल बा। ओहू लोग के जहर दिहल गइल बा। बाकिर रिपोर्ट्स में एह बात के जानकारी नइखे दिहल गइल कि लेफ्टिनेंट जनरल किरिलो बुडानोवा के टारगेट बनावल गइल बा  कि ना। ओहिजा, जहर के देलस एकर जानकारी नइखे दिहल गइल। रिपोर्ट में रूस के एमे सामिल होखे के जिक्र नइखे कइल।

खाना में जहर दिहल गइल 

एक अधिकारी नाम ना बतावे के शर्त पs यूक्रेनी न्यूज वेबसाइट बाबेल के बतवलें कि मारियाना के जवना पदार्थन से जहर दिहल गइल ओकर रोजमर्रा के जिनगी भा मिलिट्री ऑपरेशन में कवनो तरे के से उपयोग ना कइल जाला। ओहिजा, न्यूज वेबसाइट यूक्रेनस्का प्रावदा अपना सूत्रन के हवाले से कहलस कि अस्पताल में भर्ती करवला के बाद मारियाना के टेस्ट भइल। टेस्ट रिपोर्ट्स में उनका के जहर दिहल गइला के पुष्टि भइल। रिपोर्ट में इहो कहल गइल बा कि उनजा खाना में जहर दिहल गइल।

पुलिस एकेडमी में प्रोफेसर बाड़ी मारियाना

मारियाना के जन्म कीव में भइल। उन्होंने साइकोलॉजी में पोस्ट ग्रैजुएशन किया। ऊ कीव मेयर के एडवाइजर के तौर पs काम कs रहल बाड़ी। एकरा अलावे मारियाना बुडानोवा नेशनल पुलिस एकेदमी में प्रोफेसर बाड़ी। इहां ऊ लीगल साइकोलॉजी पढ़ावेली । जंग सुरू होखला के बाद से ऊ पति के संगे ऑफिसे में रह रहल बाड़ी। यूक्रेनस्का प्रावदा के मोताबिक, एह साल लेफ्टिनेंट जनरल किरिलो बुडानोवा के हत्या के 10 कोसिस हो चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]