Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अफेयर में हत्या.. देस में टॉप पs पटना: 2022 में 26 मर्डर; पानी विवाद में सबसे जादे बिहार में बहल खून

524

देस के 19 महानगरन में से पटना में लव अफेयर्स माने प्रेम-प्रसंग में 20 से 22 में सबसे अधिक हत्या भइल बा। 2022 में पटना में 107 मर्डर भइल। एमे से 26 हत्यन के वजह प्रेम-प्रसंग रहे। एनसीआरबी के ओर से 2022 के जारी आंकड़न के मोताबिक पटना में 2021 के मुकाबले 2022 में हत्या के मामलों में 40 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा।

2021 में पटना में 76 हत्या भइल जबकि 2022 में 107 लाेगन के कत्ल भइल। ओहिजा, देस के महानगरन में कानपुर अइसन शहर बा, जहां हत्या के प्रतिशत सबसे बेसी रहल। कानपुर में 2021 में 48 आ 2022 में 81 माने 68.75 प्रतिशत बेसी हत्या भइल।

ओहिजा पानी विवाद में एक साल में भइल मर्डर के केस में बिहार पहिला स्थान पs बा, जबकि गुजरात दूसरका का नंबर पs। 2022 में पानी विवाद में 25 लोगन के हत्या इल

लव अफेयर्स मर्डर में देस में दूसरका स्थान पs बिहार

2022 में बिहार लव अफेयर्स मर्डर में देस में दूसरा स्थान पs रहल। बिहार में 171 हत्या के वजह प्रेम प्रसंग रहे। ओहिजा देस में प्रेम-प्रसंग में हत्या में सबसे टाॅप पs यूपी रहल। उहां 253 मर्डर भइल। 2022 में देस में बिहार वर्ग संघर्ष माने क्लास कनफ्लिक्ट में टाॅप पs रहल।

बिहार में पिछला साल वर्ग संघर्ष में 50 हत्या भा। ओहिजा आपसी दुश्मनियो में बिहार देश में टाॅप पs रहल। बिहार में 2022 में आपसी दुश्मनी में 804 हत्या भइल। बिहार में 2022 में कुल मिलाके 2930 मर्डर भइल। 2021 के मुकाबला करीब पांच फीसदी के बढ़ोतरी भइल। 2021 में बिहार में 2799 मर्डर भइल रहे।

पटना में 2021 के मुकाबले 2022 में 40% अधिक हत्या

आपसी दुश्मनी में जान लेवे में पटना चौथा

साल 2022 में आपसी दुश्मनी के ममिलन में देस के 19 महानगरन में सूरत टाॅप पs रहल। इहां 62 हत्या भइल। दूसरका स्थान पs दिल्ली में 54, तीसरका स्थान पs बेंगलुरु में 50 आ चउथा स्थान पs पटना में 42 हत्या भइल। जबकि मुंबई में 22 मर्डर आपसी दुश्मनी में कइल गइल।

2022 में बिहार में आठ गो राजनीतिक हत्या 

पिछला साल बिहार में आठ राजनीतिक हत्या भइल। झारखंड में 17 पॉलिटिकल मर्डर भइल। ओडिशा में आठ, आंध्रप्रदेश या तमिलनाडु में 4-4 हत्या भइल। देस के 19 शहरन में पटना फिरौती खातिर हत्या में दूसरका स्थान पs रहल। जबकि कानपुर टाॅप पs रहल। पटना में छव गो हत्या भइल। जबकि कानपुर में 14 हत्या भइल।

पानी विवाद में हत्या में बिहार पहिला स्थान पs 

साल 2022 में पानी के विवाद में बिहार में सबसे अधिक नौ हत्या भइल। जबकि गुजरात में आठ के मार डालल गइल। एही तरे महाराष्ट्र में पानी के विवाद में छव आ पंजाब में दुगो कत्ल भइल। देस में पानी के विवाद में कुल 35 हत्या भइल।

689120cookie-checkअफेयर में हत्या.. देस में टॉप पs पटना: 2022 में 26 मर्डर; पानी विवाद में सबसे जादे बिहार में बहल खून

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.