[the_ad_group id="30365"]

कोविड-19 वैक्सीन के इस्तेमाल पs अमेरिका से आइल बड़ खबर, CDC जारी कइलस चौंकाए वाला आंकड़ा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लॉस एंजेलिस : Covid-19 के टीका के इस्तेमाल के लेके अमेरिका से एगो बड़ खबर सामने आईल बा। अमेरिकी सेंटर यूएस सेंटर फॉर डिजीज कंट्रोल एंड प्रिवेंशन के ताजा रिपोर्ट के मुताबिक अमेरिका में Covid-19 के टीका के इस्तेमाल उम्मीद से बहुत कम भईल बा। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि 4 नवम्बर ले अमेरिकी वयस्कन में से महज 14 फीसदी लोग के कोविड-19 के अपडेट टीका मिलल बा। मतलब कि 86 प्रतिशत अमेरिकी वयस्क अबे ले अपडेट कोविड टीका नईखन ले पावत।सीडीसी के कहनाम बा कि, Covid-19 के चलते बुजुर्ग अवुरी दोसर बेमारी से पीड़ित लोग के मौत हो रहल बा अवुरी भारी संख्या में लोग के अस्पताल में भी भर्ती करावल जाता।

लोगन के जान बचावे में वैक्सीन कारगर

सीडीसी के मुताबिक कोविड-19 के टीका हर संक्रमण से ना रोकेला, लेकिन जवन लोग या तs बुजुर्ग बाड़े चाहे पहिले से कवनो बेमारी से पीड़ित बाड़े,ओ लोग में बेमारी के गंभीरता के कम जरूर करेला।कहल गइल बा कि एक ओर टीका के चलते जान बचल बा, तs दोसरा ओर अस्पताल में भर्ती होखेवाला अवुरी विजिटिंग डॉक्टर के संख्या में कमी आवेला। सीडीसी के आंकड़ा बतावत बा कि 4 नवंबर ले अनुमानित 14 प्रतिशत अमेरिकी वयस्क लोग के कोविड-19 के अपडेट टीका मिल चुकल बा।

अतिरिक्त सुरक्षा खातिर टीका जरूरी बा

कोविड-19 के टीका लगावे वाला वृद्ध वयस्कन में से दू तिहाई से अधिका लोग के अतिरिक्त सुरक्षा के जरूरत बा, सीडीसी के कहनाम बा। आंकड़ा में जाति अवुरी जातीयता के हिसाब से टीका के सेवन में भी असमानता देखाई देलस। सीडीसी के नोट बा कि कई गो सामाजिक, भौगोलिक, राजनीतिक, आर्थिक आ पर्यावरणीय कारक टीकाकरण के पहुँच आ स्वीकृति खातिर चुनौती पैदा करे लें। उ बतवले कि अमेरिका सबसे जादा कोरोना वायरस से प्रभावित बा जहां 10.95 करोड़ लोग संक्रमित भईले अवुरी 11.83 लाख लोग के जान गईल।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]