[the_ad_group id="30365"]

UGC NET: यूजीसी-नेट परीक्षा के नया तारीखन के एलान, अब एह तारीखन में होई परीक्षा, प्रारूप बदलल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय परीक्षा एजेंसी (एनटीए) यूजीसी-नेट 2024 के परीक्षा खातिर नया तारीखन के एलान कs दिहल गइल बा। हालांकि, एनटीए परीक्षा के प्रारूप में बदलाव कइल गइल बा। अब ई परीक्षा एह साल सीबीटी (कंप्यूटर आधारित परीक्षण) मोड पs आधारित रही। जवन कि पहिले पेन आ पेपर प्रारूप में होखे के रहे।

21 अगस्त से चार सितंबर के बीच में होई परीक्षा

यूजीसी नेट परीक्षा 21 अगस्त से चार सितंबर, 2024 के बीच में आयोजित कइल जाई। ओहिजा, सीएसआईआर नेट परीक्षा खातिर 25-27 जुलाई 2024 के तारीख निर्धारित कइल गइल बा। ई दुनो परीक्षा भारतीय विश्वविद्यालय आ अनुसंधान संस्थान में लेक्चरशिप आ रिसर्च फेलोशिप चाहे वाला उम्मीदवारन खातिर महत्वपूर्ण बा।

सरकार काहे रद्द कइलस यूजीसी-नेट के परीक्षा

शिक्षा मंत्रालय बतवलस कि इंडियन साइबर क्राइम कॉर्डिनेशन सेंटर के नेशनल साइबर क्राइम थ्रेट एनालिटिक्स यूनिट से मिलल इनपुट के आधार पs यूजीसी नेट परीक्षा 2024 के रद्द करे के फैसला कइल गइल। इनपुट में परीक्षा में धांधली होखे के दावा कइल गइल। परीक्षा के नया तारीखन के एलान जल्दिये कs दिहल जाई। शिक्षा मंत्रालय बयान में कहलस ‘परीक्षा प्रक्रिया के सर्वोच्च स्तर के पारदर्शिता आ पवित्रता बना के रखे खातिर भारत सरकार के शिक्षा मंत्रालय फैसला कइले बा कि यूजीसी-नेट जून 2024 के परीक्षा के रद्द कइल जाता। नया परीक्षा करावल जाई आ ओकर जानकारी जल्दिये साझा कs दिहल जाई। ममिला के व्यापक जांच सीबीआई करी।’ यूजीसी-नेट परीक्षा, असिस्टेंट प्रोफेसर आ जूनियर रिसर्च फेलोशिप खातिर असिस्टेंट प्रोफेसर बने खातिर देहल जरूरी बा।

का हs नेशनल टेस्टिंग एजेंसी?

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी एहो स्वायत्त निकाय हs, जवन देस के उच्च शिक्षण संस्थानन में एडमिशन खातिर प्रवेश परीक्षा आयोजित करावेले। परीक्षा पेपर तइयार करे से लेके एकरा के परीक्षा केंद्र तक वितरित करे आ परीक्षा पेपर जांच के जिम्मेदारी नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए) संभारेले। केंद्र सरकार साल 2017 में एकर एलान कइले रहे आ दिसंबर 2018 में एनटीए पहिला यूजीसी-नेट के परीक्षा करवले रहे।

यूजीसी-नेट, नीट के अलावे एनटीए इंजीनियरिंग के प्रवेश परीक्षा जॉइंट एंट्रेस एग्जामिनेशन (मेन) आयोजित करावेला। एही परीक्षा के आधार पs देश के शीर्ष इंजीनियरिंग संस्थान जइसे आईआईटी आ एनआईटी में एडमिशन मिलेला। हालांकि जेईई मेन के बाद जेईई एडवांस्ड लेवल के परीक्षा करावल जाला आ एकर आयोजन रोटेशन प्रणाली के आधार पs आईआईटी संस्थानन के ओर से करावल जाला। एकरा अलावे एनटीए CMAT आ GPAT जइसन परीक्षाएं आयोजित करावेले। सीमैट देस के प्रबंधन संस्थानन में एडमिशन के खातिर आ जीपैट फार्मेसी संस्थानन में मास्टर्स प्रोग्राम में दाखिला खातिर करावल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]