स्नातक सत्र 2024-28 में नामांकन खातिर मेधा सूची जारी: अतवार के खुलल रही कॉलेज, 30 जून तक होई एडमिशन

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 29, 2024

जय प्रकाश विश्वविद्यालय के सत्र 2024-28 में नामांकन के लेके प्रथम मेधा सूची जारी कs दिहल गइल बा। जेमे नामित छात्रन के नामांकन खातिर 30 जून तक आखिरी तारीख बा। पहिला सूची के छात्रन के

Share

PHD Enterance Exam

जय प्रकाश विश्वविद्यालय के सत्र 2024-28 में नामांकन के लेके प्रथम मेधा सूची जारी कs दिहल गइल बा। जेमे नामित छात्रन के नामांकन खातिर 30 जून तक आखिरी तारीख बा। पहिला सूची के छात्रन के नामांकन ना होखला पs ओह  लोगन के दूसरका सूची से वंचित कs दिहल जाई। संगही एडमिशन के लेके अतवार के सब कॉलेज खुलल रही।

जवना के लेके रजिस्ट्रार प्रो. नारायण दास पत्र जारी कइलें आ 1 जुलाई के दूसरा मेधा सूची जारी कइल जाई। जेमे नामित छात्रन के नामांकन प्रक्रिया के सुरू कइल जाये के बा। एहिसे फर्स्ट मेरिट लिस्ट के छात्रन के 30 जून तक अंतिम मवका बा। एकरा बाद एडमिशन ना हो सकी।

1 से 5 जुलाई तक सेकेंड मेधा सूची से होई नामांकन

नामांकन के वक्त ऑनलाइन भरल गइल फॉर्म के डाउनलोड कॉपी के संगे इंटरमीडिएट उत्तीर्ण के अंकपत्र के छाया प्रति, प्रवेश पत्र के छाया प्रति महाविद्यालय/ विद्यालय परित्याग के मूल प्रति, जाति प्रमाण पत्र के छाया प्रति, सामान्य वर्ग के इडब्ल्यूएस के प्रमाण पत्र के छाया प्रति, दिव्यांगता प्रमाण पत्र के छाया प्रति, प्रवजन प्रमाण पत्र के मूल प्रति संलग्न करे के होई।

सब दस्तावेजन के स्व अभिप्रमाणित कs के मूल कॉपी के संगे संबंधित विभाग में सत्यापन करा के जमा करे के होई। जवना के बाद नामांकन पूरा होई। हालांकि, सर्टिफिकेट में त्रुटि होखला पs सुधार खातिर एगो मवका दिहल जा सकत बा।

पीआरओ राजेश पांडेय बतवलें कि पहिला मेधा सूची के छात्रन खातिर अतवार के अंतिम मवका बा। अतवार के नामांकन के काम कइल जाई। जवना के बाद एक जुलाई से पांच जुलाई तक दूसरका मेधा सूची में छात्रन के नामांकन होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.