[the_ad_group id="30365"]

एसएससी में 10वीं पास खातिर नौकरी पावे के बढ़िया मौका, बम्पर वैकेंसी निकलल बा, बढ़िया महीना के तनखाह मिली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकारी नौकरी SSC MTS Havaldar Recruitment 2024: स्टाफ चयन आयोग (SSC) में नौकरी (Govt Jobs) पावे के ई एगो बढ़िया मौका बा। जदी रऊवा भी एह पद खातिर आवेदन कर रहल बानी तs नीचे दिहल ई सब बात के ध्यान से पढ़ीं।

SSC MTS Havaldar Recruitment 2024: जदी रउआ 10वीं पास बानी आ स्टाफ चयन आयोग (SSC) में नौकरी (सरकारी नौकरी) के तलाश में बानी, तs ई रउआ खातिर एगो बढ़िया मौका बा। एसएससी मल्टी टास्किंग (नॉन टेक्निकल) स्टाफ आ हविलदार (सीबीआईसी आ सीबीएन) के पद खातिर रिक्ति के एलान कइले बिया । एह पदन खातिर आवेदन करे के इच्छुक आ पात्र उम्मीदवार एसएससी के आधिकारिक वेबसाइट ssc.gov.in पर जा के आवेदन कर सकेलें । एह पदन खातिर आवेदन प्रक्रिया शुरू हो गइल बा।

एह एसएससी बहाली के माध्यम से कुल 8326 पद भरल जा रहल बा। जवन भी उम्मीदवार एह पदन खातिर आवेदन करे के सोचत बा ऊ 31 जुलाई भा ओकरा पहिले आवेदन कर सकेला । जदी रउआ भी भारत सरकार के एह विभागन में काम करे के बा तs आवेदन करे से पहिले नीचे दिहल ई सब बात के ध्यान से पढ़ीं।

एसएससी के माध्यम से भरल जाए वाला पद के संख्या

एमटीएस- 4887 पदहविलदार (सीबीआईसी एवं सीबीएन)- 3439 पद बा

एसएससी एमटीएस, हविलदार खातिर के आवेदन करी?

एह पदन खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवार के दसवीं कक्षा भा मैट्रिक के परीक्षा भा ओकरा समकक्ष कवनो मान्यता प्राप्त बोर्ड से पास होखे के चाहीं ।

एसएससी खातिर आवेदन करे खातिर उमिर के सीमा का बा?

एसएससी के सीबीएन (राजस्व विभाग) में एमटीएस आ हविलदार खातीर उम्मीदवार के उम्र 18 से 25 साल के बीच होखे के चाही। जबकि सीआईबीसी (राजस्व विभाग) में हविलदार आ एमटीएस के कुछ पद खाती उम्र सीमा 18-27 साल बा।

एसएससी में एही तरे चयन होई

एह पदन खातिर आवेदन करे वाला सगरी अभ्यर्थियन के चयन कंप्यूटर आधारित परीक्षा (सीबीई) का आधार पर कइल जाई । एकरा बाद रउरा शारीरिक दक्षता परीक्षण (पीईटी) / शारीरिक मानक परीक्षण (पीएसटी) से गुजरे के पड़ी एसएससी एमटीएस हवलदार भर्ती 2024 खातिर आवेदन करे खातिर इहाँ आवेदन लिंक देखीं।

एसएससी परीक्षा एही भाषा में करावल जाई

एसएससी के तहत होखेवाला एमटीएस आ हविलदार के परीक्षा अंग्रेजी, हिंदी अवुरी 13 क्षेत्रीय भाषा – असमिया, बंगाली, गुजराती, कन्नड़, कोंकणी, मलयालम, मणिपुरी, मराठी, ओडिया, पंजाबी, तमिल, तेलुगु आ उर्दू में होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]