[the_ad_group id="30365"]

कर्नाटक के विजयनगर में ट्रक से टकराइल दु गो ऑटो, सात लोगन के गईल जान; बारह घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कर्नाटक के विजयनगर में भईल भयंकर टक्कर में 7 लोग के मौत के खबर बा। इहाँ एगो ऑटो एगो मालवाहक ट्रक से टकरा गईल, जवना के बाद सात लोग के जान चल गईल। बतावल जात बा कि कर्नाटक के विजयनगर जिला के होसपेट तालुका में बियफे के दिने एगो ट्रक आ दू गो माल के तीन पहिया आटो के बीच भइल टक्कर में सात लोग के मऊत हो गइल आ बारह जने घवाहि होगइले। े

दुनो ऑटो में 19 लोग सफर करत रहले, 12 लोग घाही हो गईले

दुर्घटना के समय दुनो मालवाहक गाड़ी में कुल 19 लोग सफर करत पुलिस जनवले बा। सूत्र बतवले कि मरेवाला में पांच महिला अवुरी दु पुरुष शामिल बाड़े। ए दुर्घटना में 12 जने घाही हो गईले, जवना में से चार लोग के हालत गंभीर बतावल जाता अवुरी बेल्लारी के विजयनगर आयुर्विज्ञान संस्थान (वीआईएमएस) में भर्ती बाड़े, जबकि बाकी लोग के इलाज होसपेट के सरकारी अस्पताल में होखता। पुलिस के कहनाम बा कि मरेवाला सभे बेल्लारी के निवासी रहले अवुरी कार्गो ऑटो में सवार रहले, मरेवाला के पहचान अबे ले नईखे मिलल।

एक्सप्रेसवे पs दू गो गाड़ी के टक्कर हो गइल

एकरा से पहिले आजु उत्तर प्रदेश के फिरोजाबाद जिला के मटसेना थाना क्षेत्र में आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पs एगो भयानक हादसा हो गइल। शुक के दिने दुपहरिया करीब एक बजे एगो कार टाटा सफारी एसयूवी से टकरा के एगो औरत समेत चार लोग के मौत हो गइल। बतावल जाता कि सियाज कार सवार दिल्ली से मैनपुरी के ओर जात रहले, तबे कार चालक के झपकी आ गईल अवुरी दूसरा ओर के डिवाइडर से टकरा गईल अवुरी लखनऊ से दिल्ली जात टाटा सफारी एसयूवी से टकरा गईल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]