[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र के बुलढाणा में बस में आग लगले से 26 लोगन के मऊत, CM एकनाथ शिंदे कइले मुआवजा के ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बुलढाणा:महाराष्ट्र के बुलढाणा के समृद्धि महामार्ग एक्सप्रेसवे पs 32 यात्री सवार बस में आग लगला से अबे ले 26 लोग के मउत हो चुकल बा अवुरी बहुत लोग घाही हो गईल बाड़े। बुलढाणा के उप एसपी बाबूराव महामुनी बतवले कि घाही लोग के बुलढाणा सिविल अस्पताल में भरती करावल गईल बा। मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे मरेवाला के परिवार के पांच लाख रुपया मुआवजा देवे के घोषणा कईले बाड़े। बस के चालक सुरक्षित बा, उ बतवले कि टायर फटला से बस बेकाबू होके पलट गईल। एकरा बाद बस में आग लाग गईल। अयीसना में आग लगला के बाद बहुत लोग के बस से उतरे के मउका ना मिलल।

दुर्घटना बस विदर्भ ट्रेवल्स के रहे। बेकाबू होखला के बाद बस खुद दरवाजा के ओर मुड़ गईल, एहसे केहु के बाहर निकले के मउका ना मिलल। जे बचल उ ड्राइवर के ओर केबिन में रहे, उ लोग शीशा तूड़ के बाहर निकलले। एहमें से 4 लोग घायल भी बाड़े।

बतावल जाता कि बस नागपुर से पुणे की ओर जात रहे। एही दौरान बुलढाणा के सिंदखेड़राजा के लगे एगो बस में आग लाग गईल। प्राथमिक जानकारी में पता चलल बा कि बस में 33 लोग रहले। यात्री सुतल रहले तबे बस में आग लाग गईल। जब ले यात्री के खतरा के अहसास भइल तब ले आग बहुत फैल गईल रहे। एकरा चलते बस में बहुत लोग के मउत हो गईल। बस में रात डेढ़ बजे के करीब आग लाग गईल।

समरूद्धि राजमार्ग पs भइल दुर्घटना में घायल आ मरे वाला लोग के जानकारी खातिर बुलढाना जिला मजिस्ट्रेट कार्यालय हेल्पलाइन नंबर जारी कइले बा।

इहे हेल्पलाइन नंबर ह

7020435954 पs फोन कइल जा सकेला

07262242683 पs फोन कइल जा सकेला

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]