[the_ad_group id="30365"]

सुशांत सिंह राजपूत मउत मामला में कुछ लोगन के लगे अहम सबूत, पुलिस क रहल बा एकर जांच, जल्दिए होई खुलासा: देवेंद्र फडणवीस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

फिल्म अभिनेता सुशांत सिंह राजपूत केस में तीन साल बाद एगो बड़ अपडेट आईल बा। महाराष्ट्र के डिप्टी सीएम देवेंद्र फडणवीस कहले बाड़न कि एह मामिला से जुड़ल कुछ महत्वपूर्ण सबूत मिलल बा। जेकर विश्वसनीयता के जांच हो रहल बा। ई पहिला बेर बा जब महाराष्ट्र सरकार के उपमुख्यमंत्री एह मामिला में सबूत लेबे के बात कइले बाड़न।

फडणवीस कहले कि कुछ लोग अयीसन बाड़े जेकरा लगे ए मामला से जुड़ल जानकारी बा, हमनी के ओ लोग तक पहुंच गईल बानी। एकर खुलासा जल्दिए हो जाई। उ कहले कि सरकार पूरा तरीका से संतुष्ट होखला के बाद ही ए संबंध में विस्तृत जानकारी साझा करी।

मालूम रहे कि सुशांत सिंह राजपूत के 14 जून 2020 के मुंबई के बांद्रा में अपना घर में रहस्यमय तरीका से मृत मिलल रहले। फेर कहल गइल कि ऊ आत्महत्या कर लिहले बाड़न। लेकिन बाद में ए मामला के जांच सीबीआई के सौंप दिहल गईल। लेकिन सीबीआई भी ए मामला में कुछ खास ना कईलस, लेकिन अब महाराष्ट्र सरकार के नंबर दु देवेंद्र फडणवीस ए मामला में कुछ महत्वपूर्ण जानकारी लेवे के बात कईले बाड़े। उनकर कहल बा -अबे ले तक जवन भी जानकारी उपलब्ध रहे उ अफवाह के आधार पs रहे। एही बीच कुछ लोग हमनी के बतवले कि उनुका लगे ए मामला से जुड़ल कुछ ठोस सबूत बा।

हम उनुका से बात कईनी अवुरी पुलिस के सबूत देवे के कहनी। अभी ओह सब सबूत के जांच हो रहल बा। ऊ सबूत सही होखे भा ना, एह पर जाँच के बाद ही अउरी कुछ कहल जा सकेला।

इहाँ इहो बता दी कि ए साल जनवरी में सुशांत मामला में एगो चौंकावे वाला बात सोझा आईल रहे। अभिनेता के पोस्टमार्टम के दौरान मौजूद अटॉप्सी स्टाफ रूपकुमार शाह के दावा बा कि सुशांत आत्महत्या ना कईले, बालुक उनुकर हत्या क दिहल गईल। उ बतवले रहले कि जब सुशांत के लाश पोस्टमार्टम खातीर ले आवल गईल त उनुका गर्दन अवुरी लाश के कुछ हिस्सा पs चोट के निशान रहे। जब उ अपना सीनियर लोग के इ बात बतावल चाहत रहले त उ लोग कहल कि बाद में एकरा बारे में बात करीहे।

ड्रग्स के एंगल भी सामने खुलके आ गईल

सीबीआई जब ए मामला के जांच करत रहे त ओकरा में ड्रग्स के एंगल सोझा आईल। नारकोटिक्स कंट्रोल ब्यूरो ए मामला में भारी जांच कईले रहे। जांच में ड्रग्स सिंडिकेट के बात के भी खुलासा भईल।
सुशांत के प्रेमिका रिया चक्रवर्ती एह ड्रग्स केस में बुरी तरह से फंसल रहली। उनका आ उनकर भाई के जेल जाए के पड़ल। रिया पs खुद आ सुशांत के ड्रग्स देबे के आरोप भी लागल रहे। एकरा अलावे रिया पs सुशांत के परिवार के लोग इहो आरोप लगवले कि उ सुशांत के मानसिक अवुरी आर्थिक रूप से प्रताड़ित करत रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]