[the_ad_group id="30365"]

Twin Towers: कल 2.30 बजे जोरदार विस्फोट के संगे 12 सेकेंड में मलबा में ढेर होई, 70 मीटर दूर से दबावल जाई बटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नोएडा में सुपरटेक बिल्डर के ट्विन टावर के ध्वस्तीकरण 28 अगस्त के दुपहरिया 2:30 बजे महज 12 सेंकेंड में होई। एकरा ठीक 15 मिनट पहिले एक्सप्रेसवे पs डायवर्जन व्यवस्था लागू कs दिहल जाई। नोएडा एक्सप्रेसवे पs ब्लास्ट के बाद धूल हटे तक वाहनन के आवाजाही पूर्ण रूप से बंद रही। ट्रैफिक पुलिस सुक के एकरा खातिर डायवर्जन प्लान जारी कs देले बिया। लोग गूगल मैप के इस्तेमाल कs सकी लो। एह पs ट्विन टावर आ एक्सप्रेसवे पs डायवर्जन के व्यवस्था के अपडेट कइल गइल बा। ट्विन टावर के जोड़ें वाला सब मार्गन पs डायवर्जन लागू कs दिहल गइल बा। अतवार के सबेरे सात बजे से एह मार्गन पs आउर सख्ती बरतल जाई। सात बजे के बाद ट्विन टावर के तरफ केहू के ना जाए दिहल जाई। हालांकि, टावर के अगल बगल के दु गो सोसाइटी एटीएस विलेज आ एमराल्ड कोर्ट में रहे वाला लोगन के बहरी आवे के इजाजत होई। ओहिजा ध्वस्तीकरण से पहिले सनीचर के एडिफिस के मालिक जिगर चेड्डा विधायक पंकज सिंह के ट्विन टावरन के गिरावे के तइयारी के बारे में जानकारी दिले।

दुनो सोसाइटी में कुल 40 टावर आ चार विला बा। प्रेसवार्ता में पुलिस कमिश्नर कार्यालय के सभागार में डीसीपी सेंट्रल राजेश एस, डीसीपी ट्रैफिक गणेश प्रसाद साहा आ एसीपी-दो रजनीश वर्मा ट्रैफिक प्लान जारी करत व्यवस्था के जानकारी देले।

टावरन के 9600 होल में विस्फोटक सामग्री

आईआईडीसी बतावल कि ट्विन टॉवर के ध्वस्त कइल जाए खातिर सीएसआईआर-सीबीआरआई के सहजोग से मुंबई के मेसर्स एडिफाइस इंजीनियरिंग एजेंसी के चयन कइल गइल। एजेंसी पूर्व में कोचीन में अइसने एगो इमारत के सफलतापूर्वक ध्वस्तीकरण के कार्रवाई कइले बा। एकरा के गिरावे खातिर वॉटर फॉल इम्प्लोजन तकनीक के  इस्तेमाल कइल जाई, जवन डिजाइन के अनुसार मनचाही दिशा में भवन के गिरावे खातिर उपयोगी मानल जाला।

विगत 10 अप्रैल के एगो टेस्ट ब्लास्टो कइले रहे, जेकरा नतीजन के आधार पs सीबीआरआई संशोधित ब्लास्ट डिजाइन तइयार कइले बा। टॉवर के ध्वस्त करे खातिर करीब 3700 किलोग्राम विस्फोटक सामग्री के स्टोर कइल गइल बा।

दुनो टॉवर में 9600 होल कइल गइल बा, जहां विस्फोटक के रखल जा चुकल बा आ अब ओकरा चार्ज कइल जा रहल बा। 28 अगस्त के दुपहरिया में ठीक 2:30 बजे एगो बटन दबावे खातिर 12 सेकेंड के भीतर 30 मंजिला टावर संख्या 16 आ 31 मंजिला टॉवर संख्या 17 जमींदोज हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]