Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

344
  1. बिहार: बच्चन के लड़ाई में दंपत्ती के मर्डर, पटना सिटी में अपराधियन द्वारा घर में घुसके मारल गइल। दु बच्चन के लागल गोली।
  2. बिहार: एक्जीक्यूटिव इंजीनियर के घरे रेड, सवा 5 करोड़ कैश मिलल, पटना आ किशनगंज में छापा; कैश गिने खातिर मशीन मंगवावे के पड़ल।
  3. उत्तर प्रदेश: 2 साल के भाई के लाश लेके भटकत रहल मासूम, बागपत में ना मिलल एम्बुलेंस, बाप थाक गइल तs 10 साल के बेटा के थमवलस शव।
  4. उत्तर प्रदेश: प्रयागराज में राजस्व टीम आ पुलिस पs पथराव, गांव में 50 पुलिसकर्मी तैनात, 2 सिपाही समेत 10 लोग घायल।
  5. झारखंड: झारखंड में सियासी संकट, 4 घन्टा बाद खूंटी के गेस्ट हाउस से लवट रहल बा लो विधायक, रात के फेर चली मीटिंग के दौर।
  6. सोनाली हत्याकांड में अब तक 4 गिरफ्तार: गोवा में क्लब के बाथरूम से ड्रग्स में बरामद, CBI जांच खातिर हरियाणा के CM से मिली परिवार।
  7. केजरीवाल सरकार के खतरा कम, सियासी ड्रामा ज्यादा: दिल्ली में ऑपरेशन लोटस ना चलाई भाजपा काहेकि बहुमत के आंकड़ा से बहुते दूर बिया BJP।
  8. कुतुब मीनार से ऊंच ट्वीन टावर बिहान टूटी; 3700 किलो बारूद भरल गइल, लोगन के आपन घर बचावे के फिकिर।
  9. आजाद के बाद अब मनीष तिवारी के बागावती तेवर: बोलले- कांग्रेस में हम किराएदार ना, हिस्सेदार; दिल्ली में गुलाम नबी से मिले पहुंचले आनंद शर्मा।
  10. एशिया कप में बिहान भारत बनाम पाकिस्तान के मुकाबला, साँझ 7:30 बजे सुरू होई मुकाबला।
314670cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.