Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

483
  1. बिहार: BJP के खिलाफ महागठबंधन एकजुट, नेता बोलल लो- BJP तेजस्वी यादव के फंसा रहल बिया, हमनी के CBI, ED, IT के धमकियन से डेराय वाला नइखीं सs।
  2. बिहार: स्वास्थ विभाग में बंपर बहाली, बिहार में 20 लाख नौकरी आ रोजगार के पहिला खेप; तेजस्वी के खाली पदन के भरे के आदेश।
  3. उत्तर प्रदेश: नशा के कारोबरियन पs होई जोरदार प्रहार, सीएम योगी आदित्यनाथ गठित कइलें एएनटीएफ।
  4. उत्तर प्रदेश: काशी विश्वनाथ मंदिर के मनी ऑर्डर से मिले वाला दान राशि में घोटाला, कर्मचारी के खिलाफ थाना में एफआईआर दर्ज भइल।
  5. झारखंड: झारखंड में सियासी संकट, कांग्रेस के प्रदेश प्रभारी अविनाश पांडे से मिलले CM हेमन्त सोरेन, साँझ के UPA के बैठक।
  6. नोयडा के ट्वीन टावर जमींदोज: 3700 किलो बारूद से दुनो टावर 80 हजार टन मलबा में तब्दील, लगे के सोसायटी के शीशा टूटल।
  7. चीन के हरकतन पs USA के जवाब: अमेरिका 2 गो वॉरशिप ताइवान में तैनात कइलस, दुनो एटमी हथियारन से लैस; बैकफुट पs बीजिंग।
  8. अमेरिका एजेंसी कs सकत बाड़ी सs ट्विटर के जांच: पूर्व सिक्योरिटी चीफ सउपले रिपोर्ट; कहले- प्लेटफॉर्म राष्ट्रीय सुरक्षा खातिर खतरा।
  9. सूत्रन के मोताबिक कांग्रेस अध्यक्ष पद खातिर 17 अक्टूबर के वोटिंग होई, 19 अक्टूबर के रिजल्ट आई।
  10. भारत-पाकिस्तान महामुकाबला: दुनों टीम स्टेडियम पहुंचल, फैंस के उत्साह चरम पs, एशिया कप में पिछला 8 साल नइखे हारल टीम इंडिया।
314970cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.