Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीटू सहित 11 ट्रेड यूनियन के हड़ताल के चलते 28 अउर 29 मार्च के बंद रsही बैंक,

पहिलही करा लेई बैंक से संबंधित ई जरूरी काम

207

सीटू सहित 11 ट्रेड यूनियन के हड़ताल के चलते 28 अउर 29 मार्च के बंद रsही बैंक, पहिलही करा लेई बैंक से संबंधित ई जरूरी काम

 

जमशेदपुर: रउआन मांग के लेके सीटू सहित 11 ट्रेड यूनियन 28 अउर 29 मार्च के देशव्‍यापी हड़ताल के आह्वान कइले बाने सब. एह देशव्‍यापी हड़ताल में बैंक ट्रेड यूनियनो शामिल हो रहल बा, जेकरे चलते मार्च में एक बेर फिर से बैंक बंद रsही. यानी कि 28 अउर 29 मार्च के एक बेर फिर से बैंक बंद रsही. अइसे में रउआके जौन भी जरूरी काम बा, समय रहत निपटा लेई. ई बंदी केंद्र सरकार के ओर से कइल जा रहल देश के संपदा के बिक्री, मजदूर विरोधी नीति, आंगनबाड़ी, सहिया, रसोइया अउर अन्य योजना के खिलाफ बा. एकरे अलावा कर्मियन के न्यूनतम मजूरी 26 हजार अउर सामाजिक सुरक्षा देहले, पुरान पेंशन योजना बहाल कइले, निजीकरण पs रोक लगवले सहित दूसर मांग के लेके कइल जा रहल बा.

ट्रेड यूनियन के कहनाम बा कि मोदी के नेतृत्व वाली भाजपानीत केन्द्र सरकार के नीति के चलते देश के हालत बद से बदतर होत जा रहल बा. मौजूदा समय में रोजगार अउर आजीविका के अवसर में भारी गिरावट के चलते बेरोजगारी तेजी से बढ़ रहल बा. देश के अइसन हालत देख के संगठित-असंगठित क्षेत्र के कामगार लोग मिल के 28 अउर 29 मार्च के देशव्‍यापी हड़ताल के आह्वान कइले बाने. यूनियन के कहनाम बा कि सरकार के नीति  छात्र समुदाय में निराशा अउर हताशा के स्थिति पैदा कर देहले बा. बड़हन संख्या में छात्र बेरोजगार हो गइल बानें, केंद्र सरकार कारपोरेट परस्त नव उदारवादी नीतियन के चलते रखs अउर हटावs के नीति पs चल रहल बा, जेमें रोजगार के सुरक्षा नाइ बा. संगही यूनियनन के इहो कहनाम बा कि भाजपा सरकार के नीति पूरी तरह से जनविरोधी अउर राष्ट्र विरोधी बा. पुरान पेंशन योजना के खतम कs के नयका पेंशन नीति लवले से सेवानिवृत्त कर्मचारियन के बचत शेयर बाजार में लगावल जा रहल बा. ई सरकार अमीरन के टैक्स में भारी छूट देके देश के मजूरा, किसानन अउर गरीबन के संगे गद्दारी कs रहल बा.

 

229560cookie-checkसीटू सहित 11 ट्रेड यूनियन के हड़ताल के चलते 28 अउर 29 मार्च के बंद रsही बैंक,

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.