Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ताजमहल के रात 10 बजे ले खोले के मांग, केंद्रीय संस्कृति मंत्री से मिललें पर्यटन उद्यमी

307

अगिले साल जी-20 के मेजबानी करत आगरा में संस्कृति कोर ग्रुप के दू दिन ले बइठक होखे के बा। अइसे में ताजमहल के रात 10 बजे ले खोलल जाव। आगरा के पर्यटन उद्यमी लोग दिल्ली में ट्रांसपोर्ट भवन में केंद्रीय संस्कृति मंत्री जी. किशन रेड्डी से मुलाकात कs के ई मांग उठवलें। संस्कृति मंत्री जनवरी में अधिकारियन के संगे आगरा अइले के वादा कइलें।

टूरिज्म गिल्ड के अध्यक्ष राजीव सक्सेना, राजेश शर्मा, सुरेश खन्ना, एफमेक अध्यक्ष पूरन डावर अउर एडीएफ के केसी जैन के संगे सांसद अउर केंद्रीय विधि अउर न्याय राज्यमंत्री एसपी सिंह बघेल केंद्रीय संस्कृति मंत्री से पर्यटक खातिर जरूरी सुविधा जुटावे अउर ताज के रात में खोले के मांग कइलें।

आगरा में होखे के बा तीन बइठक

ऊ सिविल एन्क्लेव के रुकल काम जल्द शुरू करे के पैरवी करवला पs जोर दिहलें। जी-20 के तीन बइठक आगरा में होखे के बा। एहमें पहिला बइठक फरवरी में दू दिन ले होखेके बा। ऊ पहिले केंद्रीय संस्कृति मंत्री जी किशन रेड्डी जनवरी के पहिले पखवाड़े में अधिकारियन के संगे अइले के भरोसा दिहलें ताकि आगरा के वास्तविक समस्या के जान सकें।

फरवरी में अइहें विदेशी मेहमान

जी-20 समूह में शामिल 20 देश के इंगेजमेंट ग्रुप 9 अउर 10 फरवरी के आगरा आई, जेमें 250 विदेशी मेहमान होइहें। ई सब 20 देश के उद्यमियन, श्रम संगठन, वैज्ञानिक, बुद्धिजीवियन के अलावा युवा अउर महिला लोग के समूह बा जौन भविष्य के नीति पs मंथन करिहें। आगरा के एगो होटल में ए सब जनी के कॉन्फ्रेंस होई।

अगस्त में अइहें 20 देश के मंत्री

पहिला बेर भारत के जी-20 के मेजबानी मिलल बा। जेमें साल भर करीब 750 बइठक अलग-अलग शहर में होई। आगरा में इंगजेमेंट ग्रुप के महत्वपूर्ण बैठक 9 अउर 10 फरवरी के होई। जेकरे खातिर तैयारी शुरू हो गइल। एकरे बाद अगस्त में 20 देश के मंत्रियन के समूह आगरा आई। जेमें कई राष्ट्र अध्यक्षो शामिल हो सकतनें। ताजमहल भ्रमण के संगे आगरा अंतरराष्ट्रीय चर्चा के केंद्र रही।

416970cookie-checkताजमहल के रात 10 बजे ले खोले के मांग, केंद्रीय संस्कृति मंत्री से मिललें पर्यटन उद्यमी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.