[the_ad_group id="30365"]

‘देशहित में रोक देईं भारत जोड़ो यात्रा’: केंद्रीय मंत्री राहुल गांधी के लिखलें चिट्ठी, जानीं का बा वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनियाभर में कोरोनावायरस के फिर से बढ़त मामिला के बीच केंद्र सरकार चौकसी बढ़ा दिहले बा। केंद्र सब राज्य से नयका मामिलन पर नजर रखले अउर जीनोम सीक्वेंसिंग बढ़ावे खातिर कहले बानें।

एही बीच केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मंडाविया के एगो चिट्ठी सोझे आइल बा, जौन ऊ कांग्रेस नेता राहुल गांधी अउर राजस्थान के मुख्यमंत्री अशोक गहलोत के लिखले बानें। एहमें दूनों नेता लोग से भारत जोड़ो यात्रा में कोविड प्रोटोकॉल के पालन करे के अपील कइल गइल बा। सथही इहो कहल गइल बा कि अगर ई संभव न होखे त यात्रा के देशहित में रोके के निर्णय लिहल जाव।

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री चिट्ठी में कहलें, “चूंकि कोरोनावायरस महामारी एगो सार्वजनिक आपात स्थिति ह, एहीलिए भारत जोड़ो यात्रा के रोके के फैसला लिहल जा सकsता।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]