अरुणांचल प्रदेश: चीन के संगे झड़प के बाद सरकार के बड़ फैसला, तवांग में बिछावल जाई मोबाइल टावर के जाल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 21, 2022

तवांग सेक्टर में बीतल दिन में भइल चीनी सैनिकन के साथ भइल झड़प के बाद भारत सरकार बड़ फैसला लिहले बा। एलएसी पर बेहतर कनेक्टिविटी खातिर सरकार 23 नयका मोबाइल टावर लगावे जा रहल बा।

Share

तवांग सेक्टर में बीतल दिन में भइल चीनी सैनिकन के साथ भइल झड़प के बाद भारत सरकार बड़ फैसला लिहले बा। एलएसी पर बेहतर कनेक्टिविटी खातिर सरकार 23 नयका मोबाइल टावर लगावे जा रहल बा। तवांग जिला के एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवलें, ई फैसला नौ दिसंबर के यांग्त्से में भारत-चीन सैनिकन के संघर्ष के बाद लिहल गइल बा।

तवांग के उपायुक्त केएन दामो कहनें कि सरकार के फैसला के मुताबिक, बीएसएनएल अउर भारती एयरटेल तवांग में कनेक्टिविटी में सुधार खातिर 23 नया मोबाइल टावर लगाई।

रक्षा बल के मिली बेहतर सुविधा

अधिकारी बतवलें, एह क्षेत्र में मौजूदा मोबाइल टावर अभिन जरूरत के मुताबिक सुविधा नाइ दे पा रहल बानें। एहसे रक्षा बल के साथही सीमावर्ती इलाकन में रहे वाले आम नागरिकन के भी परेशानी हो रहल बा। अइसे में सरकार के ओर से ई फैसला लिहल गइल बा। अधिकारी बतवलें, पहिले सीमावर्ती इलाकन में मोबाइल नेटवर्क नाइ रहल, लेकिन अब स्थिति बदल गइल बा अउर बुम-ला अउर वाई-जंक्शन पर भी इंटरनेट सेवा अउर मोबाइल कनेक्टिविटी मौजूद बा। हालांकि, एहमें सुधार के जरूरत बा।

43 टावर के प्रशासन कइले रहे मांग

अधिकारियन के कहनाम बा कि तवांग जिला प्रशासन के ओर से 43 नयका टावर के मांग कइल गइल रहे। हालांकि, 23 नयका टावर लगावे खातिर सब तैयारी पूरा कs लीहल गइल बा। ऊ कहनें, सर्दियन में मोबाइल टावर स्थापित कइल एगो चुनौती होई, काहेसेकि पहाड़ी इलाकन में बरफ गिर रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.