Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Operation Trinetra: राजौरी-पुंछ में नार्को टेरेरिज्म मॉड्यूल के पर्दाफाश, आठ गिरफ्तार; पूछताछ में बड़ खुलासा

जम्मू जोन के अतिरिक्त पुलिस महानिदेशक (एडीजीपी) मुकेश सिंह नेएगो आधिकारिक बयान जारी करत कहलें कि दु हफ्ता में राजौरी-पुंछ रेंज में पुलिस आ सुरक्षा बल प्रमुख मॉड्यूल के ध्वस्त कs देले बा लो। एह दौरान आठ आरोपितन के गिरफ्तार कइल गइल बा।

301

पिछला दु हफ्तन में सुरक्षाबलन द्वारा राजौरी आ पुंछ जिलन में प्रमुख नार्को टेरेरिज्म मॉड्यूल के पर्दाफाश कइल गइल बा, जेमे अब तक आठ आरोपितन के 44 किलोग्राम हेरोइन आ हथियार के संगे गिरफ्तार कइल गइल बा। एकरा अलावे एह दुनो जिलन में पिछला कुछ माह में भइल आतंकी घटनन के जिम्मेदारी आतंकियन के पकड़े खातिर एगो बड़ आतंकविरोधी आपरेशन चल रहल बा। सेना एकरा आपरेशन त्रिनेत्र नाम दिहल गइल बा।

जम्मू जोन के अतिरिक्त पुलिस महानिदेशक (एडीजीपी) मुकेश सिंह नेएगो आधिकारिक बयान जारी करत कहलें कि दु हफ्ता में राजौरी-पुंछ रेंज में पुलिस आ सुरक्षा बल प्रमुख मॉड्यूल के ध्वस्त कs देले बा लो। एह दौरान आठ आरोपितन के गिरफ्तार कs के 44.47 किलोग्राम हेरोइन के अलावे एगो एके 47 राइफल, 2 पिस्तौल, आठ ग्रेनेड, 13.2 लाख रुपिया के नकदी जब्त कइल गइल बा।

उल्लेख करे जोग बा कि पंजाब के दु लोगन के राजौरी के सुंदरबनी चौक पs ओह लोगन के वाहन में 22 किलोग्राम हेरोइन जइसन पदार्थ के संगे गिरफ्तार कइल गइल बा। एही तरे 30 मई के मध्यरात्रि के एलओसी पs सेना घुसपैठ के प्रयास के नाकाम कs दिहल गइल रहे। मुठभेड़ के दौरान दु गो घुसपैठियन के गिरफ्तारो कइल गइल रहे। तीसरका घुसपैठिया गोलीबारी के दौरान घायल भइल रहे। एकरा बाद सुरक्षाबल तीन गो आउर तस्करन के हिरासत में लेले रहे, जवनन से बहुते नकदियो बरामद भइल बा। एह तस्करन से पूछताछ कइल जा रहल बा।

पहिले से जादे सतर्कता बरतल जा रहल बा

एडीजी बतवलें कि राजौरी-पुंछ जिलन में आतंकी घटनन में बढ़न्ती के बीच पहिले से जादे सतर्कता बरतल जा रहल बा। एह जिलन में एही साल एक जनवरी के ढांगरी में आतंकी हमला में सात ग्रामीणन के मौत हो गइल रहे। 20 अप्रिल के पुंछ के भाटाधुलियां में सेना के वाहन पs हमला में पांच जवान बलिदान हो गइल रहे लो। पांच मई के राजौरी के केसरी हिल मुठभेड़ में सेना के पांच कमांडो बलिदान हो गइल रहे लो।

ओहिजा हाले में राजौरी शहर के लगे दस्सल गली में भइल मुठभेड़ में सुरक्षाबल एगो आतंकी के मार गिरवले रहे लो। सेना के वरिष्ठ अधिकरी लगातार एह जिलन के दौरा कs के आतंकरोधी अभियान के समीक्षा कs रहल बा लो। एकरा अलावे केसरी हिल मुठभेड़ के बाद रक्षा मंत्री राजनाथो सिंह पांच मई के राजौरी जिला के दौरा कइले रहस।

साभार: दैनिक जागरण

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.