Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Katrina-Vicky: ढलत सांझ आ समंदर के नजारन के संगे विक्की कौशल वाइफ कटरीना संग शेयर कइलें खास फोटो

Katrina Kaif and Vicky Kaushal Photo:  विक्की कौशल हाले में वाइफ कटरीना कैफ संग इंस्टाग्राम पs एगो फोटो शेयर कइलें बाड़ें जेमे ई कपल अपना घर के बालकनी में ढलत सांझ आ समंदर के दिलकश नजारन के मजा लेत नजर आ रहल बा।

835

Katrina Kaif and Vicky Kaushal Photo: विक्की कौशल (Vicky Kaushal) आ कटरीना कैफ (Katrina Kaif) बॉलीवुड के पावर कपल हs लो। दुनो के हमेशा एक-दूसरा पs प्यार लुटावत देखल जाला।

बीतल दिन विक्की कौशल, ‘द कपिल शर्मा शो’ में आपन लेटेस्ट रिलीज फिल्म ‘जरा हटके जरा बचके’ के प्रमोशन करत नजर अइलें। एही दौरान विक्की वाइफ कटरीना के लेके कइयन गो दिलचस्प खुलासा कइले रहस। ओहिजा अब एक्टर वाइफ कटरीना संगे एगो फोटो शेयर कइलें बाड़ें।

विक्की शेयर कइलें कटरीना संग खास फोटो

एह फोटो में विक्की आ कटरीना अपना घर के बालकनी में ढलत सांझ आ समंदर के दिलकश नजारन के मजा लेत नजर आ रहल बा लो। तस्वीर में दुनो एक-दूसरा के आंखिन में खोवल दिखाई दे रहल बा लो। एही के संगे विक्की बैकग्राउंड में आपन फिलिम के गाना ‘तू है तो मुझे फिर और क्या चाहिए’ लगवलें बाड़ें।

फोटो में कटरीना प्रिंटेड मेक्सी ड्रेस में खुलल बालन के संगे बहुते खूबसूरत लाग रहल बाड़ी। ओहिजा विक्की येलो शर्ट के संगे ब्लैक जींस कैरी कइले बहुते हैडसम लाग रहल बाड़ें।

अर्जुन कपूर कइलें कमेंट

विक्की के एह पोस्ट पs एक्टर अर्जुन कपूर ने कमेंट कइलें आ लिखलें, ‘गुरू कटरीना जिंदाबाद’। एह फोटो पs यूजर खूबे प्यार बरसा रहल बा लो। एगो यूजर लिखलें- अइसन बीवी, सनसेट के संगे चाय आउर का चाहीं। ओहिजा दूसर जाना लिखलें- बेस्ट फोटो एवर।

कटरीना आ विक्की के आवे वाला फिलिम 

एह कपल के वर्कफ्रंट के बात करीं तs कटरीना कैफ जल्दिये सलमान खान के संगे फिलिम टाइगर 3 में नजर आवे वाली बाड़ी। एकरा अलावे ‘मैरी क्रिसमस’ बा। एमे उनकर ऑपोजिट विजय सेतुपति नजर अइहें। फैंस एह फिलिम के इंतजार बेसब्री से कर रहल बा लो। एकरा अलावे ऊ पठान वर्सेज टाइगरो में नजर आ सकत बाड़ी। तs ओहिजा, विक्की कौशल सैम बहादुर में नजर आवे वाला बाड़ें। एकरा अलावे ‘डंकी’ आ ‘मेरे महबूब मेरे सनम’ में नजर अइहें।

566400cookie-checkKatrina-Vicky: ढलत सांझ आ समंदर के नजारन के संगे विक्की कौशल वाइफ कटरीना संग शेयर कइलें खास फोटो

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.