Canada: भारत के सख्ती से बैकफुट पs कनाडा, बोलल- पीएम मोदी आ जयशंकर के आपराधिक गतिविधियन में कवनो हाथ नइखे 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 22, 2024

भारत आ कनाडा के बीच खालिस्तानी आतंकी हरदीप निज्जर के मौत के बात लगातार तनाव देखे के मिल रहल बा। एही बीच सुक के कनाडा के ओर से एह पूरा ममिला पs एगो अहम बयान

Share

कनाडा के प्रधानमंत्री जस्टिन ट्रूडो आ भारतीय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी - फोटो : ANI

भारत आ कनाडा के बीच खालिस्तानी आतंकी हरदीप निज्जर के मौत के बात लगातार तनाव देखे के मिल रहल बा। एही बीच सुक के कनाडा के ओर से एह पूरा ममिला पs एगो अहम बयान जारी कइल गइल बा। जेमे कनाडा मनले बा कि, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, बिदेस मंत्री एस जयशंकर आ राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल के कनाडा में कवनो “गंभीर आपराधिक गतिविधि” से जोड़े के उनका लगे कवनो सबूत नइखे।

कनाडा सरकार एगो बयान जारी कs के कहलस कि, 14 अक्टूबर के सार्वजनिक सुरक्षा खातिर एगो महत्वपूर्ण आ निरंतर खतरा के कारण आरसीएमपी आ अधिकारी भारत सरकार के एजेंटन के ओर से कनाडा में गंभीर आपराधिक गतिविधि के अंजाम देवे के सार्वजनिक आरोप लगावे के असाधारण डेग उठवले रहे।

बयान में आगे कहल गइल बा कि, कनाडा सरकार प्रधानमंत्री मोदी, मंत्री जयशंकर भा एनएसए अजित डोभाल के कनाडा के भीतर कवनो तरे के आपराधिक गतिविधि में सामिल होखे के कवनो सबूत नइखे, ना ओकर कवनो जानकारी बा। ट्रूडो सरकार के ई स्पष्टीकरण कनाडा के एगो अखबार में छपल रिपोर्ट के ओह दावा के बाद आइल बा। जेमे आरोप लगावल गइल रहे कि निज्जर के हत्या के कथित साजिश भारत के शीर्ष नेता रचले रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.