Matt Gaetz: डोनाल्ड ट्रंप के कार्यकाल में अमेरिका के अटॉर्नी जनरल ना बनिहें मैट गेट्ज, वापस लेलें नाम

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 22, 2024

Matt Gaetz: अमेरिका के निर्वाचित राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के दूसरका आ अंतिम कार्यकाल 20 जनवरी, 2025 से सुरू होई। पद संभारे से पहिले ट्रंप अहम सरकारी विभागन आ संवैधानिक पदन पs पदाधिकारियन के नामित कs

Share

डोनाल्ड ट्रंप आ मैट गेट्ज (फाइल) - फोटो : एएनआई

Matt Gaetz: अमेरिका के निर्वाचित राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के दूसरका आ अंतिम कार्यकाल 20 जनवरी, 2025 से सुरू होई। पद संभारे से पहिले ट्रंप अहम सरकारी विभागन आ संवैधानिक पदन पs पदाधिकारियन के नामित कs रहल बा। ऊ अमेरिका के अटॉर्नी जनरल पद खातिर मैट गेट्ज के नामित कइले रहस, बाकिर गेट्ज पद संभारे से इनकार कs के आपन नाम वापस ले लेले बाड़ें।

अब फ्लोरिडा के पूर्व अटॉर्नी जनरल पाम बोंडी के नामित करिहें 

समाचार एजेंसी एपी के रिपोर्ट के मोताबिक ट्रंप कहलें कि ऊ फ्लोरिडा के पूर्व अटॉर्नी जनरल पाम बोंडी के अमेरिकी अटॉर्नी जनरल के पद खातिर नामित करिहें।

ट्रंप का कहलें?

गेट्ज के नाम वापस लेला के बाद डोनाल्ड ट्रंप कहलें कि अटॉर्नी जनरल पद खातिर मैट गेट्ज के चुने के उनकर फैसला एकदम सही रहे, बाकिर ऊ ध्यान भटकावे के कारण बनल ना चाहत रहस। एही दलील के संगे ऊ नाम वापस लेवे के फैसला लेले बाड़ें। ट्रंप गेट्ज के सराहनो कइलें।

‘गेट्ज के भविष्य सानदार बा’

ट्रंप कहलें, हम अटॉर्नी जनरल बने के प्रक्रिया में स्वीकृति देवे खातिर मैट गेट्ज के हालिया प्रयासन के बहुत सराहना करत बानी।’ ऊ गेट्ज के सराहना करत कहलें कि उनकर काम बहुत सानदार रहल बा। हालांकि, ऊ प्रशासन खातिर ध्यान भटकावे के कारण ना बनल चाहत रहस। उनकर एह रवैया के कारण ऊ उनका बहुत सम्मान करेलें। ट्रुथ सोशल पs एगो पोस्ट में ट्रंप लिखलें, ‘मैट के भविष्य सानदार बा। हम ओह महान चीजन के देखे खातिर उत्सुक बानी जवन ऊ करिहें।’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.