Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गारबेज फ्री सिटी में नगर निगम के मिलल थ्री स्टार रेटिंग

793
Google Ads 300*250 for posts

 

गोरखपुर नगर निगम के पहिला बेर कचरा मुक्त शहर खातिर थ्री स्टार रेटिंग मिलल बा। कचरा मुक्त शहरन के रेटिंग केंद्रीय शहरी विकास मंत्रालय बियफे के दिने जारी कs दिहलस।

शहरी विकास मंत्रालय के ओर से जारी सूची में गोरखपुर, वाराणसी, गाजियाबाद, अलीगढ़, आगरा, फिरोजाबाद, लखनऊ, कानपुर अवुरी झांसी के भी तीन स्टार रेटिंग मिलल बा। इ रैंकिंग राज्य में सबसे जादा बा। गोरखपुर नगर निगम के अधिकारी, कर्मचारी आ स्वच्छता कार्यकर्ता के पहिला बेर थ्री स्टार दर्जा पावे खातिर मेयर डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव आ नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल बधाई दिहले बाड़न।

नगर निगम साल 2023 ले कचरा मुक्त शहर खातिर 5 स्टार रेटिंग के दावा कईले रहे। तब से कचरा मुक्त शहर के निर्धारित मानक पs लगातार काम होखत रहे। खुद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ निगम के अधिकारी अवुरी कर्मचारी के संगे बहुत सार्वजनिक कार्यक्रम में महानगर के निवासी से साफ-सफाई के आधार पs नगर निगम के कचरा मुक्त शहर बनावे के आह्वान कईले रहले। कर्मचारियन से मिलल सहयोग खातिर उप नगर आयुक्त आ स्वच्छ भारत मिशन के प्रभारी डा. मणि भूषण तिवारी आभार जतवले बाड़न।

अब वाटर प्लस खातिर कदम उठावल जाई : नगर आयुक्त

नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल के कहना बा कि गोरखपुर नगर निगम अब वाटर प्लस खातिर कदम उठाई। उ कहले कि 5 स्टार रेटिंग खातीर आवेदन बा लेकिन गारबेज फ्री सिटी के तीन स्टार रेटिंग मिलल। एहसे स्वच्छ सर्वेक्षण में अधिका से अधिका अंक मिल जाई आ 5 स्टार रेटिंग खातिर संसाधन जुटावे खातिर जरूरी बजट भी मिल जाई। टीम वर्क आ जनभागीदारी के चलते ईs उपलब्धि हासिल भइल बा।

गोरखपुर मण्डल में एह सहरन के मिलल वन स्टार रैकिंग

महराजगंज, हाटा, कुशीनगर, गौरीबाजार, देवरिया नगर पालिका परिषद, बड़हलगंज, मझौलीराज, सलेमपुर, लार आ बरियारपुर नगर पंचायत के वन स्टार रैंकिंग मिलल बा।

 

 

 

706610cookie-checkगारबेज फ्री सिटी में नगर निगम के मिलल थ्री स्टार रेटिंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.