Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चंद्रबाबू नायडू लेलें आंध्र के मुख्यमंत्री पद के शपथ, बतौर CM चउथा कार्यकाल

578
Google Ads 300*250 for posts

चंद्रबाबू नायडू बुध के आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री पद के शपथ ले लेलें। बतौर सीएम ई नायडू के चउथा पारी हs। एह दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, गृह मंत्री अमित शाह, स्वास्थ्य मंत्री जेपी नड्डा सहित कइयन दिग्गज मवजूद रहे लो। नायडू सरकार में टीडीपी से 21, जनसेना से दुगो आ भाजपा से एगो मंत्री बनावल जा रहल बा। एकरा पहिले मंगर के  टीडीपी आ एनडीए नायडू के अपना विधायक दल के नेता चुनले रहे।

मंगर के विधायक दल के नेता चुनल गइला के बाद विजयवाड़ा में टीडीपी, भाजपा, जनसेना गठबंधन के नेता राज्यपाल एस अब्दुल नजीर से मुलाकात कइल आ सरकार बनावे के दावा पेश इले रहे लो। बुध के नायडू के संगे कइयन गो आउर नेता मंत्री पद के शपथ ले सकत बा लो।

अमरावती एकमात्र राजधानी होई 

नायडू शपथ ग्रहण से एक दिन पहिले घोषणा कइलें कि अमरावती राज्य के एकमात्र राजधानी होई। एनडीए विधायक दल के बैठक के दौरान ऊ इहो कहलें कि ऊ दक्षिणी राज्य खातिर केंद्र सरकार से सहजोग मंगले बाड़ें आ उनका एकर आश्वासनो मिलल बा।

टीडीपी के मिलल जबरदस्त समर्थन

आंध्र प्रदेश में भइल विधानसभा चुनाव में राज्य के 175 में से 135 सीट जीतके चंद्रबाबू नायडू के नेतृत्व वाली तेलुगु देशम पार्टी सबसे बड़ी पार्टी बनल। चुनाव में पवन कल्याण के जनसेना पार्टी 21 सीट जीतले बिया आ भाजपा के आठ सीटन पs जीत हासिल भइल बा। ओहिजा, जगनमोहन रेड्डी के पार्टी वाईएसआरसीपी मात्र 11 सीटन पs सिमट गइल बिया। आंध्र प्रदेश विधानसभा चुनाव में टीडीपी, जनसेना आ भाजपा गठबंधन बने के चुनाव मैदान में उतरल रहे।

861220cookie-checkचंद्रबाबू नायडू लेलें आंध्र के मुख्यमंत्री पद के शपथ, बतौर CM चउथा कार्यकाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.