[the_ad_group id="30365"]

DRDO के बड़ सफलता: लमहर दूरी तक मार करे वाली हाइपरसॉनिक मिसाइल के सफल परीक्षण, जानीं काहे बा अहम

हाइपरसॉनिक मिसाइल के सफल फ्लाइट ट्रायल। - फोटो : X/Rajnath Singh
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। भारत के हाइपरसॉनिक मिसाइल के परीक्षण में बड़ सफलता मिलल बा। देस में रक्षा क्षेत्र में अनुसंधान खातिर प्रसिद्ध डीआरडीओ लमहर दूरी तक मार करे वाली हाइपरसॉनिक मिसाइल के फ्लाइट ट्रायल के सफलतापूर्वक अंजाम दिहल गइल। बतावल गइल बा कि ई परीक्षण ओडिशा के तटीय इलाकन पs इस्थित एपीजे अब्दुल कलाम द्वीप पs कइल गइल।

एकरा के पढ़ीं: IPL 2025 Auction: 574 में से 81 खिलाड़ियन के आधार मूल्य दु करोड़ आ 27 के 1.5 करोड़ रुपिया, देखीं पूरा लिस्ट

अधिकारी बतावल लो कि मिसाइल के परीक्षण सनीचर के कइल गइल रहे। दूसरका तरफ रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह ने एगो पोस्ट में कहलें कि अब भारत ओह चुनिंदा देसन में सामिल हो गइल बा, जे एह बेहद अहम तकनीक के विकसित कइले बा। राजनाथ एह कामयाबी खातिर डीआरडीओ, सशस्त्र बलन आ उद्योगन के बधाई देलें आ एकरा के आश्चर्यजनक सफलता करार देलें।

का हs हाइपरसोनिक मिसाइल?

हाइपरसोनिक मिसाइल आवाज के रफ्तार (1235 किमी प्रतिघंटा) से कम से कम पांच गुना तेजी से उड़ान भर सकत बा। माने एकर न्यूनतम रफ्तार 6174 किमी प्रतिघंटा होला। हाइपरसोनिक मिसाइल क्रूज आ बैलिस्टिक मिसाइल दुनो के फीचर्स से लैस होला। ई मिसाइल लॉन्च के बाद पृथ्वी के कक्षा से बाहर चल जाला। एकरा बाद ई जमान भा हवा में मवजूद टारगेट के आपन निशाना बनावेला। एकरा के रोकल बहुत मुश्किल होला। संगही तेज रफ्तार के वजह से रडारो एकरा के पकड़ ना पावेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]