नीतीश सरकार के बड़ फैसला, सब जिलन में प्रभारी मंत्री नियुक्त; सम्राट के पटना के जिम्मेदारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 12, 2024

राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन बिहार में प्रभारी मंत्रियन के नियुक्ति कs देले बा। उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी के पटना आ विजय कुमार सिन्हा के मुजफ्फरपुर, भोजपुर के प्रभारी मंत्री बनावल गइल बा। ओहिजा, सीएम नीतीश कुमार के

Share

राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन बिहार में प्रभारी मंत्रियन के नियुक्ति कs देले बा। उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी के पटना आ विजय कुमार सिन्हा के मुजफ्फरपुर, भोजपुर के प्रभारी मंत्री बनावल गइल बा। ओहिजा, सीएम नीतीश कुमार के करीबी मंत्री विजय कुमार चौधरी के पूर्णिया, नालंदा आ मंत्री बिजेंद्र प्रसाद यादव के वैशाली के प्रभारी मंत्री बनावल गइल बा। केंद्रीय मंत्री जीतन राम मांझी के बेटा संतोष कुमार सुमन के औरंगाबाद आ मंत्री सुमित कुमार सिंह  के सारण के जिम्मा दिहल गइल बा।

ओहिजा बिहार सरकार के मंत्री प्रेम कुमार के नवादा, श्रवण कुमार के समस्तीपुर आ मधेपुरा, पूर्व उपमुख्यंत्री रेणु देवी के सीवान, मंत्री मंगल पांडेय के दरभंगा आ बेगूसराय, नीरज कुमार सिंह के कटिहार, मंत्री अशोक चौधरी के सीतामढ़ी आ जहानाबाद, लेशी सिंह के मधबुनी, मदन सहनी के सुपौल, मंत्री नीतीश मिश्रा के अररिया आउर गया के प्रभारी मंत्री बनावल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.