जारी भइल यूपी पुलिस कांस्टेबल भर्ती के रिजल्ट, इहां डायरेक्ट लिंक से देखी आपन नाव

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 21, 2024

      उत्तर प्रदेश पुलिस भर्ती आ पदोन्नति बोर्ड बहुप्रतीक्षित परीक्षा के रिजल्ट के एलान कइले बा. एह बहाली परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जा के आपन रिजल्ट देख सकेलें. ध्यान

Share

Constable Exam

 

 

 

उत्तर प्रदेश पुलिस भर्ती आ पदोन्नति बोर्ड बहुप्रतीक्षित परीक्षा के रिजल्ट के एलान कइले बा. एह बहाली परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जा के आपन रिजल्ट देख सकेलें. ध्यान रहे कि कुल रिक्ति के ढाई गुना 1,74,316 अभ्यर्थी एह बहाली के लिखित परीक्षा में सफल भइल बाड़े। रिजल्ट के संगे-संगे कटऑफ भी जारी कईल गईल बा, जवना में अनआरक्षित श्रेणी के कटऑफ 214.04644 बा।

कट ऑफ मार्क्स

अब आगे का होई?

उत्तीर्ण उम्मीदवारन के शारीरिक परीक्षा आ दस्तावेज सत्यापन जनवरी 2025 के तिसरका हफ्ता में करावल जाई. यूपी पुलिस कांस्टेबल बहाली परीक्षा में करीब 48 लाख रजिस्ट्रेशन भईल रहे, जवना में से करीब 32 लाख परीक्षार्थी एs परीक्षा खातीर हाजिर भईल रहले। उल्लेखनीय बा कि यूपी पुलिस कांस्टेबल खातिर लिखित परीक्षा 23, 24, 25 अगस्त आ 30, 31 अगस्त के भइल रहे।

जारी कइल गइल आंसर-की

एकरा से पहिले 30 अक्टूबर के बोर्ड अंतिम आंसर-की जारी कईले रहे, जवन कि 9 नवंबर तक uppbpb.gov.in पs डाउनलोड करे खातीर उपलब्ध रहे। एह दौरान बोर्ड 70 गो आपत्ति के सही मान लिहले रहुवे.

60,244 के बहाली 

एह परीक्षा के माध्यम से भर्ती बोर्ड 60,244 रिक्त पद के भर दिही। एह बहाली में 20 फीसदी रिक्ति (12,049) महिला उम्मीदवारन खातिर आरक्षित बा. जबकि पुरुष उम्मीदवारन खातिर रिक्ति के संख्या 48,195 बा।

अइसे डाउनलोड करीं

सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट uppbpb.gov.in पs जाईं.

ओकरा बाद इहाँ देखाई देवे वाला लिंक ‘यूपी पुलिस कांस्टेबल रिजल्ट 2024’ पs क्लिक करीं।

एकरा बाद खुले वाला नया पन्ना में आपन रजिस्ट्रेशन नंबर, जन्म तिथि आ कैप्चा दर्ज करीं.

अब राउर रिजल्ट सामने देखाई दिही।

अंत में एकरा के डाउनलोड करीं आ ओकरा में से एगो प्रिंट निकाल लीं.

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.